टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

शादी के झांसा देके बॉयफ्रेंड के गोवा से बोलवलस, फेर दिहलस खतरनाक मउत, पेट चीर के आंत तक निकाल दिहलस

10:31 AM Aug 23, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

बिहार के मुजफ्फरपुर में प्यार, विश्वासघात अवुरी हत्या के सनसनीखेज मामला सोझा आईल बा। इहाँ एगो प्रेमिका अपना प्रेमी के अतना मउत के सजा दे दिहलस कि जे सुनल ओकर आत्मा सिहर गईल। सदर थाना क्षेत्र के सहजानंद कालोनी में बोरा में पैक कs के लाश मिलला के रहस्य पुलिस सुलझा लेले बिया। जय प्रकाश के हत्या उनुकर प्रेमिका परिवार के लोग के संगे कs देलस। पुलिस एs मामला में एक आरोपी के गिरफ्तार कs लेले बिया, जबकि बाकी आरोपी फिलहाल फरार बाड़े।

गला रेतलस , चाकू से देह कटलस, फेर आंत निकाल देलस

पुलिस से मिलल जानकारी के मुताबिक लईकी सबसे पहिले जय प्रकाश के बियाह खातीर लुभवलस। फेर बियाह करे खातिर गोवा से मुजफ्फरपुर बोलवलस। प्रेमिका से बियाह के प्रस्ताव मिलला के बाद जयप्रकाश गोवा से मुजफ्फरपुर आ गईले। जब प्रेमिका से भेंट भइल त दुनु जाना एगो होटल में जाके एक संगे नाश्ता कईले। ओकरा बाद लईकी ओकरा के सहजानंद कालोनी में अपना चचेरा भाई के कमरा में ले गईल। उहाँ उ अपना पिता, असली भाई, बहनोई अवुरी ममेरा भाई के संगे मिल के जय प्रकाश के हत्या कs देले। जय प्रकाश के कमरा में घुसते ही उहाँ मौजूद लईकी के भाई ओकरा पs हमला कs देलस।

धोखा मिलल तs रिश्तेदारन के आपत्तिजनक फोटो भेज दिहलस

साहेबगंज निवासी जय प्रकाश अवुरी उनुकर प्रेमिका पछिला तीन साल से प्रेम संबंध में रहले। एही बीच उनुकर प्रेमिका बीपीएससी के तैयारी खातीर पटना गईली। कुछ महीना बाद दुनों के रिश्ता में दरार पैदा हो गईल। प्रेमिका जयप्रकाश से बियाह करे से मना कs देलस। दुनु के बीच कम बतकही होत रहे। जयप्रकाश उनका के मनावे के कोशिश करत रहले, लेकिन उs सहमत ना भईली। एही बीच जयप्रकाश के बड़ भाई गोवा में इलेक्ट्रीशियन के नौकरी करा देले। काम करे खातिर गोवा चल गइलन. जयप्रकाश खिसियाइल रहले काहे कि बतकही एहिजा रुक गइल. ओकरा शक भईल कि उनुकर प्रेमिका ओकरा संगे धोखा करतिया। जय प्रकाश के लगे अपना प्रेमिका के आपत्तिजनक फोटो अवुरी वीडियो रहे, जवना के उs अपना मोबाइल पs लईकी के परिवार अवुरी रिश्तेदार के भेजे लगले। एकरा बाद जय प्रकाश के हत्या के धमकी मिले लागल। लईकी बदला लेवे खातीर जयप्रकाश के हत्या के साजिश रचलस।

एह तरह के हत्या के योजना बनवलस

उनकर प्रेमिका लगातार उनका के जय प्रकाश से बियाह करे खातिर फोन करत रहे लेकिन उs गोवा से ना आवत रहले। लईकी उनका के भरोसा दिहलस कि मुजफ्फरपुर पहुंचते उनुकर बियाह कs लेब। जय प्रकाश के डर रहे कि ओकर हत्या हो जाई। फेर दुनु जने भगवानपुर में स्थित एगो होटल में नाश्ता कइले। प्रेमिका जय प्रकाश के अपना संगे अपना ममेरा भाई के भाड़ा के घर में ले गईल। उहाँ परिवार के बाकी लोग के बोलावल गईल अवुरी जयप्रकाश के बेरहमी से हत्या कs दिहल गईल।

एकरा बाद पुलिस लगातार छापामारी करत रहे। एही बीच लईकी के ममेरा भाई रविंद्र के पताही से पकड़ल गईल। एकरा संगे प्रेमिका अपना पिता अवुरी भाई के संगे अंडरग्राउंड हो गईल बिया। पुलिस ओकरा गिरफ्तारी खातीर लगातार छापामारी करतिया। सीटी एसपी अवधेश दीक्षित बतवले कि जयप्रकाश हत्याकांड के पर्दाफाश हो गइल बा. हत्या के मामला में पुलिस लईकी के ममेरा भाई के गिरफ्तार कs लेलस। पूछताछ के बाद उनुका के न्यायिक हिरासत में जेल भेज दिहल गईल। अपराध में शामिल प्रेमिका के पिता अवुरी भाई फरार बाड़े, पुलिस एs लोग के गिरफ्तारी खातीर छापामारी करतिया।

 

 

 

Tags :
biharBihar crimemurderMuzaffarpur
Advertisement
Next Article