टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Muzaffarpur: मुजफ्फरपुर के लोग हो जास सावधान, सियार मचा रहल बा आतंक

11:49 AM Sep 06, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

बिहार के मुजफ्फरपुर जिला के शेरपुर पंचायत के हसनचक बंगरा गांव में सियार हमला में दर्जन से अधिका लोग घवाहिल हो गइल बा। बुधवार के सांझ के अचानक गीदड़ के झुंड गांव में घुस के लोग पs हमला कऽ देलस। घायल में अधिकांश बच्चा आ महिला बाड़ी। वन विभाग के टीम सियार पकड़े के अभियान चलावत बिया बाकिर अबही तक कवनो सफलता नइखे मिलल।

Advertisement

सदर थाना क्षेत्र के शेरपुर पंचायत के हसनचक बंगरा गांव में गीदड़ लगभग एक दर्जन लोग के काट लेले। एमें से अधिकतर लइका आ मेहरारू बा लो। बुध के सांझ के गांव के कई जगहा अचानक गीदड़ के एगो समूह लोग पs हमला कऽ देलस। चार से पांच गीदड़ के हमला के बाद गांव में दहशत मचल बा। गांव के लोग सतर्क बा। दिनों में लाठी से गाँव के पहरा दे रहल बाड़े।

सियार पकड़ल मुश्किले ना असंभव हो रहल बा

सूचना मिलला के बाद वन विभाग के बचाव टीम गीदड़ के पकड़े खातिर अभियान शुरू कऽ देलस। अबही ले एको गीदड़ ना पकड़ाइल। तीन जगहा पिंजरा लगावल गइल बा। सचिव उदय शंकर प्रसाद सिंह के निर्देश पs रेड क्रॉस के टीम गांव जाके पीड़ित लोग के इलाज कइलस। एसकेएमसीएच में बहुत लोग के इलाज करावल गइल। पंचायत के वार्ड 10 के गणेश राम बुधवार के सांझ के करीब चार बजे चौर में मवेशी चरावत बतवले। कई गो मेहरारू आ लइकियो बकरी चारावत रहली।

Tags :
big breakingbihar newskhabar bhojpuri khabar bhojpuri newsMujaffarpurMujaffarpur news
Advertisement
Next Article