टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

कुश्ती: पहलवान बजरंग पुनिया के नाडा अस्थायी रूप से कइलस निलंबित, डोप सैंपल ना देवे के बा आरोप

02:42 PM May 05, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

खेल डेस्क। राष्ट्रीय डोपिंग रोधी एजेंसी (नाडा) पहलवान बजरंग पुनिया के अनिश्चित काल खातिर निलंबित कs देलस। एह कार्रवाई से बजरंग के पेरिस ओलंपिक में खेले के सपना पs संकट के बादल छा गइल बा। जानकारी के अनुसार, बजरंग पुनिया 10 मार्च के सोनीपत में भइल चयन ट्रायल खातिर आपन सैंपल देने में असफल रहलें, जवना के बाद नाडा उनका के भविष्य के कवनो कार्यक्रम में भाग लेवे से निलंबित करे के आदेस जारी कइलस।

Advertisement

भाजपा के पूर्व सांसद आ भारतीय कुश्ती महासंघ (डब्ल्यूएफआई) के अध्यक्ष बृजभूषण शरण सिंह पs यौन उत्पीड़न के आरोप लगावे वालन में पुनिया, ओलंपियन साक्षी मलिक आ विनेश सहित आउर शीर्ष पहलवानन के कतार में सबसे आगे रहलें। निलंबन के बाद टोक्यो ओलंपिक में देस के कांस्य पदक दिलावे वाला पुनिया के एह महीना के अंत में होखे वाला चयन ट्रायल में भाग लेवे से रोक दिहल जाये के संभावना बा। 65 किग्रा वर्ग में अभी तक केहू भारतीय ओलंपिक कोटा नइखे जीतले।

निलंबन पत्र वर्ल्ड यूनाइटेड रेसलिंग (यूडब्ल्यूडब्ल्यू) के ओर  से मान्यता प्राप्त भारतीय कुश्ती महासंघ (डब्ल्यूएफआई) के भंग हो चुकल तदर्थ समिति के भेजल गइल रहे। ओहिजा, बजरंग कुछ महीना पहिले एगो वीडियो जारी कs के डोप कलेक्शन किट के एक्पायर होखे के आरोप लगवले रहस। ऊ डोप नियंत्रण अधिकारी के निरदेस के अवहेलना के ओर दावा कइलें कि नाडा अधिकारी अभी ले उनका चिंता के समाधान नइखे कइले लो।

डीसीओ अपना रिपोर्ट में कहलें कि अपना समर्थकों से घिरल पुनिया लगातार आपन बयान दोहरवलें आ डोप सैंपल देवी से इनकार करत तुरंत कार्यक्रम स्थल से चले गइलें। पुनिया के सहायक दस्तावेज आ मूत्र के नमूना जमा करे से इनकार करे खातिर सात मई तक लिखित स्पष्टीकरण पेस करे खातिर कहल गइल रहे।

पत्र में कहल गइल बा कि जदि रउआ परिणामन के स्वीकार करत बानी, तs अपील के अधिकार के अधीन, ममिला के आगे के अनुशासनात्मक कार्यवाही के बिना हल कइल जाई। जदि रउआ असहमत बानी, तs ममिला के डोपिंग रोधी अनुशासनात्मक पैनल के निर्णय खातिर भेजल जाई।

Tags :
Bajarang Punia SuspendedBhojpuri NewsNADAsports newsWrestler Bajrang PuniaWrestling News
Advertisement
Next Article