For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

नागपुर में खुलेआम गुंडागर्दी! रेस्टोरेंट में तलवार लेके अइले बदमाश

09:21 AM Sep 04, 2024 IST | Minee Upadhyay
नागपुर में खुलेआम गुंडागर्दी  रेस्टोरेंट में तलवार लेके अइले बदमाश
Advertisement

Advertisement

नागपुर के योगा बार एंड रेस्टोरेंट में बदमाश हथियार से हमला कइले। हथियार लेके बदमाश होटल में घुस के बहुत तोड़फोड़ कईले। उहाँ के कर्मचारी अवुरी ग्राहक पीछे लुका के आपन जान बचा लेले। पुलिस एs मामिला में मामिला दर्ज कs देले बिया।

इहाँ गुंडा खुलेआम कन्हान के योग बार एंड रेस्टोरेंट में तलवार आ लाठी लेके घुस गईले। गुंडा बार अवुरी रेस्टोरेंट संचालक दीनदयाल बावनकुले पs हमला कs बार में तोड़फोड़ कईले। पार्किंग क्षेत्र में लोग के धमकवले अवुरी उहाँ खड़ा गाड़ी के तोड़फोड़ कईले।

सीसीटीवी फुटेज में साफ-साफ देखाई देता कि कुछ बदमाश हथियार लेके योगा बार अवुरी रेस्टोरेंट में घुसतारे। फेर तोड़फोड़ करे लागेले। बदमाश ग्राहक के संगे भी मारपीट करत देखल जा सकता। कुछ बदमाश रेस्टोरेंट मालिक पs तेज हथियार से हमला करेले। रेस्टोरेंट के मालिक गुंडा के शराब अवुरी पईसा देत देखाई देतारे। कुछ देशन में सभे शराब आ पइसा लेके वापस चल जाला। बाकीर इs घटना कानून व्यवस्था पs सवाल खड़ा कs रहल बा। पुलिस एs मामिला में मामिला दर्ज कs लेले बिया अवुरी बदमाश के तलाश जारी बा।

Tags :
Advertisement