For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

किसानन के अधिकार के लेके नाना पटेकर के बड़हन बयान, कहले - अच्छा समय के इंतजार मत करीं, तय करे के पड़ी...

07:02 PM Mar 05, 2024 IST | Sonu Kishor
किसानन के अधिकार के लेके नाना पटेकर के बड़हन बयान  कहले   अच्छा समय के इंतजार मत करीं  तय करे के पड़ी
Advertisement

बॉलीवुड अभिनेता नाना पटेकर किसानन के लेके एगो बड़हन बात कहले बाड़न । अभिनेता किसान से अपील कईले बाड़े कि सरकार से कवनो मांग मत करी ।

Advertisement

बॉलीवुड अभिनेता नाना पाटेकर किसान के लेके एगो बड़ बात कहले। अभिनेता किसान से अपील कईले बाड़े कि सरकार से कवनो मांग जन करी। नाना पटेकर इ बात पछिला कुछ साल में महाराष्ट्र में भईल राजनीतिक उथल-पुथल के लेके दल के आलोचना करतऽ कहले बाड़े। अभिनेता हमेशा से किसान के आवाज के पक्ष में रहल बाड़े। नाना पाटेकर हाले में शेतकरी सम्मेलन में शामिल भइले । एह दौरान उ किसान के आवाज के अनदेखी करे वाला राजनीतिक दल खाती नाराजगी जतवले बाड़े।

नाना पाटेकर कहले कि, 'उनका नीमन समय के इंतजार ना करे के चाही, बल्कि दृढ़ संकल्प के संगे निमन समय के ले आवे के चाही। रउरा तय करे के चाहीं कि कवन सरकार सत्ता में आई । नाना पाटेकर अभिनेता मकरंद अनसपुरे का संगे नाम फाउंडेशन चलावेलन जवन महाराष्ट्र के सूखाग्रस्त इलाकन के किसानन के मदद करेला । आपन बात आगे बढ़ावत कहलन कि जब सोना के दाम बढ़ रहल बा तऽ चावल के दाम काहे नइखे बढ़त? किसान पूरा देश के खाना उपलब्ध करावेले बाकी सरकार के लगे ओ लोग के शिकायत के दूर करे के समय नईखे। किसान के अयीसन सरकार से कुछूओ मांग ना करे के चाही।

राजनीतिक दलन पs खोदत नाना पाटेकर पूछले कि युवा पीढ़ी का सोझा रउरा कवना तरह के आदर्श बनावत बानी? का होता? हम राजनीति में ना आ पाईं काहे कि हम एगो बेबाक आदमी हईं । पार्टी बदल के एक महीना के भीतर सभ पार्टी के अंत हो जाई। नाना पाटेकर किसान से आत्महत्या ना करे के भी निहोरा कईले। उ कहले कि, 'हमनी के सभके वर्तमान स्थिति के बदले खाती एकजुट प्रयास करे के चाही।' एकरा अलावे इ अनुभवी अभिनेता आ बहुत बात पs बतिया चुकल बाड़े।

Tags :
Advertisement