टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

मोदी बोललें- विपक्ष विपक्ष में रहे के मन बनवलस: कहलें- कुछ पार्टी संसद सुरक्षा चूक के सपोर्ट कs रहल बाड़ी सs, ई आचरण बहुते खतरनाक

12:36 PM Dec 19, 2023 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी मंगर के संसद सुरक्षा चूक ममिला पs विपक्ष के घेरलें। भाजपा संसदीय दल के बैठक में ऊ कहलें कि विपक्ष अपना स्थान पs (विपक्ष‌ में) बनल रहे के मन बना लेले बिया। ऊ कहलें कि जे संसद के सुरक्षा में सेंध मरलस, कुछ दल एक तरे से ओकरा समर्थन में आवाज उठा रहल बाड़ी सs। ई सेंधमारी के तरे खतरनाक बा।

Advertisement

भाजपा के संसदीय दल के बैठक संसद लाइब्रेरी परिसर में भइल। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के संगे रक्षामंत्री राजनाथ सिंह आ भाजपा के राष्ट्रीय अध्यक्ष जेपी नड‌्डा बैठक में सामिल भइल लो। एह बैठक में पीएम मोदी कहलें कि लोकतंत्र में भरोसा करे वाला हर आदमी के संसद परिसर में भइल घुसपैठ के घटना के निंदा करे के चाहीं, बाकिर कुछ पार्टी सुरक्षा चूक के ममिला के सपोर्ट कs रहल बाड़ी सs।

मोदी कहलें- इंडिया ब्लॉक के टारगेट हमनी के हटावे के बा

पीएम कहलें कि एह पार्टियन के ई आचरण सुरक्षा चूक जेतना डरावना बा। ऊ इहों कहलें कि I.N.D.I.A ब्लॉक के लक्ष्य हमनी के सरकार के हटावे के बा, जबकि हमनी के सरकार के लक्ष्य एह देस खातिर बेहतर भविष्य तइयार कइल बा। विपक्षियन के एह बेवहार से 2024 में एह लोगन के नंबर आउर कम होई। भाजपा के फायदा होई।

एकरा पहिले 7 दिसंबर के भाजपा संसदीय दल के बैठक आयोजित कइले रहे, जेमे PM नरेंद्र मोदी, गृह मंत्री अमित शाह समेत कइयन मंत्री-नेता मवजूद रहे लो। ई बैठक पांच राज्यन विधानसभा चुनावन के नतीजा अइला के तीन दिन बाद भइल रहे, एहिसे बैठक के सुरुआत में तीन राज्यन में धमाकेदार जीत खातिर नेता लोग PM मोदी के स्वागत कइले रहे लो।

Tags :
Bhojpuri NewsBJP Parliamentary Board MeetingBJP President JP NaddaModi Slams OppositionParliament security breachPm Narendra ModiRajnath Singh
Advertisement
Next Article