For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

हो गइल फैसला, एs तारीख के पीएम पद के शपथ लिहें नरेंद्र मोदी, जानीं सांसदन के संख्या

08:03 AM Jun 06, 2024 IST | Minee Upadhyay
हो गइल फैसला  एs तारीख के पीएम पद के शपथ लिहें नरेंद्र मोदी  जानीं सांसदन के संख्या
प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी (फोटो साभार: सोशल मीडिया)
Advertisement

Advertisement

बुध के साँझ सहयोगी देशन के बइठक में नरेंद्र मोदी एनडीए के नेता चुनल गइलन. अब बियफे के साँझ सात बजे राष्ट्रपति से भेंट कइला के बाद सरकार बनावे के दावा पेश कइल जाई. एकरा संगे एनडीए में शामिल दल के नेता के हस्ताक्षर वाला समर्थन पत्र भी राष्ट्रपति के सौंपल जाई। एकरा संगे नया सरकार बनावे के राह साफ हो गईल बा अवुरी एकर पुष्टि हो गईल बा कि नरेंद्र मोदी तीसरका बेर देश के प्रधानमंत्री के शपथ लीहे।

8 जून के शपथ लिहें

जानकारी के मुताबिक नरेंद्र मोदी 8 जून के तीसरका बेर देश के प्रधानमंत्री के शपथ लिहें। एनडीए में 292 सांसद के आंकड़ा बा जबकि बहुमत खातिर 272 सांसद के जरूरत बा। एकरा संगे अवुरी बहुत निर्दलीय सांसद एनडीए सरकार के समर्थन भी कs सकतारे। चंद्रबाबू नायडू अवुरी नीतीश कुमार साफ कs देले बाड़े कि दुनो दल एनडीए के समर्थन करत रहीहे।

विपक्षी दल का कहलस?

बुध के दिने नई दिल्ली में विपक्षी दलन के INDIA अलायंस के बइठक भी भइल। एह बइठक में साफ कs दिहल गइल कि फिलहाल ऊ खाली विपक्ष में बइठिहें आ सरकार बनावे के कोशिश ना करीहें. एनडीए के साथे कुल सांसदन के संख्या 292 पार कs रहल बा जबकि विपक्षी दलन में 234 सांसद बाड़े।

7 जून के पुरान संसद भवन के सेंट्रल हॉल में एनडीए के सभ सांसद के बैठक होई। जवना में नरेंद्र मोदी के एनडीए संसदीय दल के नेता चुने के औपचारिकता भी पूरा हो जाई। एकरा बाद 8 जून के नरेंद्र मोदी तीसरी बेर प्रधानमंत्री के शपथ लीहे। भाजपा सरकार के रूप के लेके सभ सहयोगी देश से बात करी। एकर जिम्मेवारी राजनाथ सिंह, जेपी नड्डा आ अमित शाह के दिहल गइल बा.

Tags :
Advertisement