टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

NASA अंतरिक्ष यात्रियन के वापसी पs दिहलस बड़ अपडेट, 'अबे तय नईखे कवनो तारीख'

08:29 AM Jul 26, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

अमेरिकी अंतरिक्ष एजेंसी नासा के दू गो अंतरिक्ष यात्री के अंतर्राष्ट्रीय अंतरिक्ष स्टेशन से लवटे में एक महीना से अधिका के देरी हो चुकल बा. अंतरिक्ष यात्री तबले अंतर्राष्ट्रीय अंतरिक्ष स्टेशन पs रहीहें जबले इंजीनियर बोइंग के ‘कैप्सूल’ में आइल समस्या के ठीक ना करस. अधिकारी बियफ़ें के इs जानकारी देले। परीक्षण पायलट बुच विल्मोर आ सुनीता विलियम्स के करीब एक हफ्ता ले स्पेस लैब में रहे के रहे आ जून के बीच में वापसी करे के रहे बाकिर बोइंग के नयका स्टारलाइनर कैप्सूल में थ्रस्टर के खराबी आ हीलियम के रिसाव के चलते नासा आ बोइंग के अधिक समय ले उहां रोके के पड़ल।

पांच गो थ्रस्टर के समस्या 

नासा के कमर्शियल क्रू प्रोग्राम मैनेजर स्टीव स्टिच के कहल बा कि मिशन मैनेजर वापसी के तारीख के एलान करे के तइयार नइखन. इंजीनियर पिछला हफ्ता न्यू मैक्सिको रेगिस्तान में एगो स्पेयर थ्रस्टर के परीक्षण पूरा कइले बाड़न जेहसे कि ई पता लगावल जा सके कि ‘डॉकिंग’ के दौरान के गलती भइल आ पृथ्वी पs वापसी के तइयारी कइल जा सके. 6 जून के, रवाना भइला के एक दिन बाद, कैप्सूल के स्पेस स्टेशन के नजदीक आवत-आवत पांच थ्रस्टर में खराबी के सामना करे के पड़ल। एकरा बाद चार गो के फेर से शुरू कs दिहल गइल बा।

निजी कंपनी काम कs रहल बाड़ी सs

स्पेस शटल के रिटायर भइला के बाद नासा अंतरिक्ष यात्री लोग के स्पेस स्टेशन ले जाए खातिर निजी कंपनी सभ के काम पs रखलस आ बोइंग आ स्पेसएक्स के अरबों डॉलर के भुगतान कइलस। बोइंग के इs पहिला परीक्षण उड़ान रहे जवना में चालक दल रहे। स्पेसएक्स 2020 से इंसान के अंतरिक्ष में ले जा रहल बा।

 

 

 

Tags :
nasaNASA newsSpace scientistsSpace Station
Advertisement
Next Article