टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

CAA Notification: देश में आज से लागू भइल सीएए, केंद्र सरकार जारी कइलस अधिसूचना

09:31 PM Mar 11, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

नागरिकता संशोधन अधिनियम (सीएए) के नियम के अधिसूचना आजु सोमार के दिने जारी भइल बा। सीएए के नियम से जुड़ल अधिसूचना केंद्रीय गृह मंत्रालय सोमार के दिने साँझ छह बजे जारी कs दिहले बा। लोकसभा चुनाव के घोषणा से पहिले नागरिकता संशोधन अधिनियम (सीएए) के नियम के अधिसूचना जारी कईल केंद्र सरकार के बड़ फैसला बा।

सीएए के नोटिफिकेशन कब आई?

बता दीं कि आवे वाला लोकसभा चुनाव के तारीख आवे वाला कुछ दिन में बतावल जा सकेला। अयीसना में केंद्र सरकार के ओर से देश में नागरिकता संशोधन कानून खातीर अधिसूचना जारी कईल एगो मास्टर स्ट्रोक हs। अधिसूचना जारी भइला के बाद देश में नागरिकता संशोधन अधिनियम यानी सीएए लागू हो गइल बा।

सीएए कानून कब पास भइल?

दिसंबर 2019 में सीएए पारित भइल आ बाद में राष्ट्रपति के सहमति मिल गइल बाकिर देश के कई हिस्सा में एकरा खिलाफ विरोध प्रदर्शन भइल। एह कानून के अबहीं ले लागू नइखे भइल काहे कि एकरा लागू करे के नियम के सूचना अबहीं नइखे मिलल।

सीएए के मुताबिक भारतीय राष्ट्रीयता केकरा मिली?

सीएए नियम जारी भइला के बाद 31 दिसंबर 2014 ले बांग्लादेश, पाकिस्तान आ अफगानिस्तान से भारत आइल लोग के ही केन्द्र सरकार भारतीय राष्ट्रीयता दिही।

सीएए में कवन-कवन धर्म शामिल बाड़े?

सीएए में छह गो गैर-मुस्लिम समुदाय, हिन्दू, सिख, ईसाई, जैन, बौद्ध आ पारसी शामिल बाड़े। उs लोग के भारतीय नागरिकता तबे मिल सकेला जब उs लोग 31 दिसंबर 2014 के भा ओकरा से पहिले भारत में शरण लेले होखस।

सीएए के लेके अमित शाह एगो बड़ बात कहले

हाल ही में केंद्रीय गृहमंत्री अमित शाह कहले रहले कि सीएए के लागू करे के केहु नईखे रोक सकत, काहेंकी इs देश के कानून हs। एकरा संगे पश्चिम बंगाल के मुख्यमंत्री ममता बनर्जी केंद्र पs एs बात के लेके लोग के गुमराह करे के आरोप लगवले रहली।

सीएम ममता सीएए के भाजपा के प्रचार बतवले

आजु केंद्र के ओर से सीएए के नियम के अधिसूचना जारी करे के संभावना के बारे में पश्चिम बंगाल के मुख्यमंत्री ममता बनर्जी कहली कि पहिले हम नियम देखब। अबे ले सूचना जारी नईखे भईल। अगर नियम के तहत लोग के अधिकार से वंचित हो गईल तs हमनी के एकरा खिलाफ लड़ाई लड़ब। इs भाजपा के चुनाव प्रचार हs अवुरी कुछूओ ना।

साभार- जागरण

 

 

Tags :
CAACM MamtaPolitics news
Advertisement
Next Article