टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

नरेंद्र मोदी आडवाणी आ मुरली मनोहर जोशी से कइलें मुलाकात, तीसरका बेर PM पद के शपथ से पहिले लेलें आसिरबाद 

04:28 PM Jun 07, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

एनडीए संसदीय दल के नेता चुनल गइला के बाद नरेंद्र मोदी पूर्व उप प्रधानमंत्री लाल कृष्‍ण आडवाणी से मिले पहुंचलें। ऊ इहां पीएम पद के शपथ लेवे से पहिले उनकर आशीर्वाद लेवे पहुंचलें। एह दौरान ऊ वरि‍ष्‍ठ भाजपा नेता के गुलदस्‍ता भेंट कइलें। उहां आडवाणी के बेटी प्रतिभा संगही मवजूद रहली।

Advertisement

एकरा बाद ऊ वरिष्‍ठ भाजपा नेता मुरली मनोहर जोशी से मुलाकात करे पहुंचलें। मालूम होखे कि दुनो नेता भाजपा के दुगो सीटन से आगे बढ़ाके सरकार बनावे जेतना बहुमत हासिल करे में बड़ भूमिका निभवले बा लो।

एकरा पहिले संविधान सदन के सेंट्रल हाल में एनडीए संसदीय दल के बैठक में नरेंद्र माेदी के लगातार तीसरका बेर दल के नेता चुनल गइल। अतवार 9 जून के राष्‍ट्रपति‍ भवन में प्रधानमंत्री के पद आ गोपनीयता के शपथ लिहें। उनका संगे आउर मंत्री लोग शपथ ली।

मालूम होखे कि एनडीए 'अबकी बेर 400 पार' सीटन के नारा के संगे चुनाव में उतरल रहे, बाकिर चार जून के आइल नतीजन में 300 के आंकड़ा तक ना छू सकल, ओकरा 293 सीट ह‍ासिल भइल; जवन बहुमत 272 सीट के आंकड़ा से बहुत जादे बा।

Tags :
Bhojpuri NewsBjpLal KrishnaModi Seek Blessings From Party vettan leadersmurli manohar joshiNarendra ModiNDA
Advertisement
Next Article