For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

राष्ट्रीय विज्ञान दिवस 2024 : जदी रउरा बच्चा के विज्ञान में रुचि बा तs निश्चित रूप से एह विज्ञान संग्रहालयन में ले जाईं।

10:27 AM Feb 28, 2024 IST | Raj Nandani
राष्ट्रीय विज्ञान दिवस 2024   जदी रउरा बच्चा के  विज्ञान में रुचि बा तs निश्चित रूप से एह विज्ञान संग्रहालयन में ले जाईं।
Advertisement

आज यानी 28 फरवरी के भारत में राष्ट्रीय विज्ञान दिवस के रूप में मनावल जाला। आज के दिन देश के महान वैज्ञानिक सी.वी.रमण प्रकाश से जुड़ल एगो महत्वपूर्ण खोज कईले। एह महत्वपूर्ण खोज के याद में ई दिन मनावे के फैसला भइलs। जदी रउरा बच्चा के विज्ञान में रुचि बा तs ओकरा के भारत में मौजूद ई संग्रहालय जरूर देखाईं।

Advertisement

भारत में 28 फरवरी के राष्ट्रीय विज्ञान दिवस के रूप में मनावल जाला। आज के दिन सर चंद्रशेखर वेंकटा रमन (सीवी रमण) 'रमन इफेक्ट' के खोज के घोषणा कईले। एह महत्वपूर्ण खोज खातिर इनके 1930 में नोबेल पुरस्कार से भी सम्मानित कइलs गइलs। उनकर एह खोज के इस्तेमाल आजुओ दुनिया भर के लैब में होला । एह दिन के मनावे के मकसद विज्ञान में रुचि राखे वाला लइकन आ नवहन के प्रोत्साहित कइलs बा। जदी रउरा बच्चा के भी विज्ञान में रुचि बा तs ओकरा संगे ए विज्ञान संग्रहालय में जाए के योजना बना सकsतानी।

विश्वेश्वराय औद्योगिक अउर तकनीकी संग्रहालय, बेंगलुरु

बेंगलुरु के विश्वेश्वराय औद्योगिक आ प्रौद्योगिकी संग्रहालय भारत के सभसे पुरान बिज्ञान संग्रहालय हवे। एकर स्थापना 14 जुलाई 1962 के भइल। इहाँ लइकन खातिर अइसन बहुत सारा चीज उपलब्ध बा, जवन विज्ञान में रुचि अउरी बढ़ावे में मदद करेला। एह संग्रहालय में विज्ञान के चित्रण नीरस ना बलुक मजेदार तरीका से कइल गइल बा। एह संग्रहालय में 7 गो प्रदर्शनी हॉल आ दू गो विशेष प्रदर्शनी बाड़ी सऽ। इहाँ के आकर्षण के केंद्र राइट ब्रदर्स द्वारा बनावल किटी हॉक के पूरा पैमाना पर प्रतिकृति बा। इहाँ आके रउआ अउरी कई गो रोचक चीजन के खोज कर सकेनी।

राष्ट्रीय विज्ञान केंद्र, दिल्ली 

दिल्ली में स्थित राष्ट्रीय विज्ञान केंद्र विज्ञान में रुचि राखे वाला लइकन खातिर भी एगो बढ़िया जगह बा। एह संग्रहालय में लइकन खातिर बहुत सारा चीज बा जइसे कि डायनासोर गैलरी, फन साइंस लाइब्रेरी, इन्फॉर्मेशन रिवोल्यूशन गैलरी, प्री-हिस्टोरिक गैलरी, ह्यूमन बायोलॉजी गैलरी। दिमाग के रोशनी देवे खातिर 3D शो, मेज ऑफ मिरर, बड़ डायनासोर के बात करे वाला फिगर भी बा, जवन कि सचमुच मजेदार बा।

बिड़ला साइंस म्यूजियम, हैदराबाद 

आज रउआ लइकन के बिरला प्लैनेटोरियम आ साइंस म्यूजियम भी ले जा सकेनी, जवन निस्संदेह ओह लोग खातिर एगो यादगार अनुभव होई। ई खाली भारत के ना बलुक दुनिया के भी बेहतरीन साइंस म्यूजियम में से एगो ह, जवन हैदराबाद में स्थित बा। ई संग्रहालय साल 2000 में स्थापित भइल। स्पेस म्यूजियम इहाँ के एगो खास आकर्षण बा। इहाँ आके रउआँ 16 करोड़ पुरान डायनासोर के जीवाश्म देख सकेनी।

केरल साइंस एंड टेक्नोलॉजी म्यूजियम, तिरुवनंतपुरम 

केरल साइंस एंड टेक्नोलॉजी म्यूजियम के शुरुआत एह मकसद से कइल गइल कि आम लोग विज्ञान के महत्व के समझे आ ओकरा में रुचि लेव । एकर स्थापना केरल सरकार द्वारा साल 1984 में भइल। अगर रउरा तिरुवनंतपुरम आवत बानी त एह संग्रहालय के घूमे के मौका मत गँवाईं. खाली विज्ञान ना, गणित, ऑटोमोबाइल, बायो-मेडिकल इंजीनियरिंग, कंप्यूटर आ सौर ऊर्जा से जुड़ल चीजन खातिर अलग-अलग गैलरी बा। संग्रहालय में प्लैनेटोरियम, साइंस पार्क आ किड्स पार्क भी बा।

नेहरू साइंस म्यूजियम, मुंबई 

मुंबई में स्थित नेहरू साइंस म्यूजियम भी लइकन के घूमे खातिर बहुत बढ़िया जगह बा। एकरा अलावे इ भारत के मशहूर विज्ञान संग्रहालय में से एगो भी हs, इहाँ आके बच्चा 500 से जादा विज्ञान से जुड़ल चीज़ देख सकतारे। इनका बारे में जान सकेला। इहाँ रोज थ्रीडी आ साइंस ऑन स्फीयर शो के आयोजन होला। एकरा अलावे लइकन खातिर विज्ञान से जुड़ल कार्यशाला के आयोजन भी कइलs जाला।

Tags :
Advertisement