टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

प्रदर्शन के आग में झुलसल बांग्लादेश, इमरजेंसी जईसन हालात; देश भर में लागल कर्फ्यू

08:00 AM Jul 20, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

बांग्लादेश के प्रधानमंत्री शेख हसीना सरकार बियफे के दिने बांग्लादेश में देश भर में कर्फ्यू लगावे के एलान कइले बिया. एकरा संगे सरकारी नौकरी में आरक्षण प्रणाली में सुधार के मांग करत कई दिन ले जारी विरोध प्रदर्शन के दौरान हिंसा के बाद व्यवस्था बनावे खातीर सैन्य बल के तैनाती के आदेश दिहलस। बांग्लादेश के सत्ताधारी अवामी लीग पार्टी के महासचिव ओबैदुल कादर ई एलान कइले बाड़न. पुलिस अवुरी सुरक्षा अधिकारी के ओर से प्रदर्शनकारी पs गोलीबारी अवुरी राजधानी में सभ जुटान पs रोक लगावे के बाद इs घोषणा भईल। खबर के मुताबिक एs हिंसा में कई लोग के मौत हो चुकल बा। कादर कहले कि सिविल प्रशासन के व्यवस्था बनावे में मदद खातीर सेना के तैनाती कईल गईल बा।

इंटरनेट आ मोबाइल सेवा बंद हो गइल

बता दीं कि बांग्लादेश में कई दिन से सरकारी नौकरी में आरक्षण प्रणाली में सुधार के मांग करत विरोध प्रदर्शन चलत बा. एही बीच शुक के पुलिस अवुरी सुरक्षा अधिकारी प्रदर्शनकारी पs गोलीबारी अवुरी आंसू गैस के गोली चलवले। हिंसक विरोध के बीच इंटरनेट अवुरी मोबाइल सेवा भी बंद कs दिहल गईल बा। राजधानी ढाका आ कुछ अउरी जगहन पs कुछ हफ्ता पहिले प्रदर्शन शुरू भइल रहे बाकिर सोमार से एह प्रदर्शन के गति बढ़ल. बांग्लादेश के प्रधानमंत्री शेख हसीना खातिर ई विरोध सबले बड़ चुनौती बा.

पुलिस आ अर्धसैनिक बल के तैनाती

प्रदर्शनकारी पs गोलीबारी के घटना तब भईल जब विरोध करेवाला छात्र देश में 'पूरा बंद' करावे के कोशिश कईले। मरेवाला के संख्या के पुष्टि करे खातीर अधिकारी से तुरंत संपर्क ना कईल जा सकल। एह अराजकता से बांग्लादेश के शासन आ अर्थव्यवस्था में दरार आ बढ़िया नौकरी के कमी के सामना करे वाला युवा स्नातकन के कुंठा के पर्दाफाश हो गइल बा. सरकार कैंपस बंद करे आ विरोध प्रदर्शन रोके खातिर राजधानी भर में पुलिस आ अर्धसैनिक बल के तैनाती कइले बिया.

प्रदर्शनकारी के का मांग बा

बता दीं कि 1971 में पाकिस्तान के खिलाफ मुक्ति युद्ध में लड़ल नायकन के रिश्तेदारन खातिर कुछ सार्वजनिक क्षेत्र के नौकरी आरक्षित करे के व्यवस्था के खिलाफ प्रदर्शनकारी कई दिन से रैली करत बाड़े. एह लोग के तर्क बा कि ई व्यवस्था भेदभावपूर्ण बा आ एहसे प्रधानमंत्री शेख हसीना के समर्थकन के फायदा होला जिनकर अवामी लीग पार्टी मुक्ति आंदोलन के नेतृत्व कइले रहुवे. छात्र चाहत बाड़े कि एकरा के मेरिट बेस्ड सिस्टम में बदल दिहल जाव. आरक्षण प्रणाली के बचाव करत हसीना कहली कि संघर्ष में योगदान देवे वाला के सम्मान होखे के चाही, चाहे उs कवनो राजनीतिक जुड़ाव होखे।

 

 

 

Tags :
bangladeshCurfewDhakaprotest
Advertisement
Next Article