For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

नाटो में शामिल हो सकत बा स्वीडन: तुर्किये के पार्लियामेंट्री कमेटी समर्थन देलस, अब जनरल असेंबली के मंजूरी बाकी

10:57 AM Dec 27, 2023 IST | khabar Bhojpuri Desk
नाटो में शामिल हो सकत बा स्वीडन  तुर्किये के पार्लियामेंट्री कमेटी समर्थन देलस  अब जनरल असेंबली के मंजूरी बाकी
Advertisement

नॉर्थ अटलांटिक ट्रीटी ऑर्गनाइजेशन माने NATO के जल्दिये एगो नया मेंबर स्वीडन के रूप में मिल सकत बा। अब तक तुर्किये के वजह से ई मुमकिन नइखे हो सकत, बाकिर एक ममिला में स्वीडन के कामयाबी मिले लागल बा।

Advertisement

न्यूज एजेंसी ‘एपी’ के रिपोर्ट के मोताबिक- मंगर के तुर्किये के संसद के एगो समिति NATO में सामिल होखे के स्वीडन के प्रपोजल के मंजूरी दे देलस। ई प्रस्ताव प्रेसिडेंट रिसेप तैयप एर्दोगन के सरकार के तरफ से रखल गइल रहे।

अभी एगो आउर कड़ी बाकी

रिपोर्ट के मुताबिक: स्वीडन खातिर ई बड़ कामयाबी तs बा, बाकिर ओकर मकसद पूरा नइखे भइल। अब ओकरा के तुर्किये के जनरल असेंबली से समर्थन के उम्मीद बा। एकरा खातिर एगो प्रोटोकॉल बा आ ई प्रोसेस कब सुरू होई, एकर ऐलान नइखे कइल गइल बा। तुर्किये के सरकार करीब एक साल से स्वीडन के NATO मेंबरशिप के राह में अड़ंगा लगावल रहल बा।

जुलाई में NATO चीफ जेन स्टोल्नबर्ग के अध्यक्षता में तुर्किये आ स्वीडन के राष्ट्रपति कइयन घंटा बातचीत कइल गइल रहे। एकरा बाद स्वीडन के नाटो में सामिल होखे के उम्मीद बंधल रहे।

जुलाई में NATO चीफ जेन स्टोल्नबर्ग के अध्यक्षता में तुर्किये आ स्वीडन के राष्ट्रपति कइयन घंटा बातचीत कइले रहे लो। एकरा बाद स्वीडन के नाटो में सामिल होखे के उम्मीद बंधल रहे।

सौदाबाजी के बाद कामयाबी

स्वीडन के नाटो में सामिल कइल गइला के मुहिम करीब 6 महीना पहिले जोर पकड़ले रहे आ एमे अमेरिका के भूमिका अहम रहे। NATO के सेक्रेटरी जनरल जेन स्टोल्टनबर्ग  खुद एकर घोषणा कइले रहस। ऊ कहले रहस- तुर्किये के राष्ट्रपति एर्दोगन स्वीडन NATO से जुड़े के प्रस्ताव अपना नेशनल असेंबली में पेश करे खातिर तइयार हो गइल बाड़ें। हमनी के उम्मीद बा कि ई जल्दिये पारित हो जाई।

लिथुआनिया के विल्नियस शहर में जुलाई में भइल NATO समिट के दौरान स्टोल्टनबर्ग स्वीडन आ तुर्किये के लीडर्स के संगे बैठक कइले रहस। एकरा बाद एगो जॉइंट स्टेटमेंट में स्वीडन के प्रधानमंत्री क्रिस्टर्सन ने कहले रहस- ई स्वीडन खातिर अच्छा दिन बा।

NATO मेंबरशिप के बदले स्वीडन तुर्किये के यूरोपियन यूनियन में सामिल होखे के प्रयासन के समर्थन करी। दरअसल, एर्दोगन स्वीडन के मेंबरशिप के लेके कहले रहस कि तुर्किये के संसद से स्वीडन के नाटो बिड अप्रूव होखला से पहिले यूरोपियन यूनियन (EU) ओकरा के आपन हिस्सा बनावे के चाहीं।

कुछ एक्सपर्ट्स के माने के बा की तुर्किये स्वीडन के सदस्यता के जरिए अमेरिका पs फाइटर जेट्स देवे खातिर प्रेशर बनावत रहे। दरअसल, अक्टूबर 2021 में तुर्किये 20 अरब डॉलर के F-16 फाइटर जेट्स सहित मवजूदा वॉरप्लेन्स खातिर 80 मॉर्डेनाइजेशन किट किने के रिक्वेस्ट कइले रहस। हालांकि, अब ई डील हो चुकल बा।

Tags :
Advertisement