For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

UP News: गोरखपुर में AC लगवावे खातिर नौसढ़ चौकी प्रभारी ने मंगले रुपिया, लाइन हाजिर

01:24 PM Aug 10, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
up news  गोरखपुर में ac लगवावे खातिर नौसढ़ चौकी प्रभारी ने मंगले रुपिया  लाइन हाजिर
Advertisement

हिस्ट्रीशीटर के विरुद्ध शिकायत लेके आइल एगो व्यक्ति से नौसढ़ चौकी प्रभारी अरुण सिंह एसी लगवावे के दबाव बनावत रहलें। 40 हजार रुपिया देवे खातिर कइयन बेर फोन कइलें। परेसान शिकायतकर्ता चौकी प्रभारी के रुपिया मांगे के बात फोन में रिकार्ड कs लेलस।

Advertisement

तीन दिन पहिले ऊ पुलिस कार्यालय पहुंचके एसएसपी से शिकायत कइलस, तs ममिला के जांच एसपी उत्तरी के सउप प्राथमिक जांच में आरोप के पुष्टि होखला पs एसएसपी सुक के देर रात चौकी प्रभारी के लाइन हाजिर कs देलें।

हरदिया गांव के शिवाकांत मिश्रा एसएसपी के बतवलें कि गीडा थाना के हिस्ट्रीशीटर उनका के धमकी दे रहल बा। शिकायत पs चौकी प्रभारी कार्रवाई ना कइलस। अधिकारियन के निरदेस पs केस दर्ज होखला के बाद ऊ चौकी पs गइलें, तs प्रभारी कहलें कि इहां बहुत गरमी लागत बा, एसी लगवा दीं, काम हो जाई।

ऊ 20 हजार रुपिया देवे के तइयार रहे, बाकिर चौकी प्रभारी 40 हजार रुपिया मांगत रहे। पीड़ित एसएसपी के बातचीत के रिकार्डिंग सुनवलें।

चौकी में महिला के पीटे के आरोप लागल रहे

चौकी प्रभारी पs कुछ दिन पहिले महिला पिटाई करे के आरोप लगावल गइल रहे। महिला पुलिस अधिकारियन के बतवलस कि ओकर नबालिग बेटी के मनबढ़ अगवा कs लेले रहे। शिकायत कइला पs चौकी प्रभारी आरोपियन के प्रभाव में महिला के संगे बदसलूकी कइलें। विरोध कइला पs चौकी में पीट देलें, जवना के वजह से ओकर कान के पर्दा फाट गइल रहे।

एसएसपी डा. गौरव ग्रोवर कहलें कि चौकी प्रभारी पs एसी लगवावे खातिर रुपिया मांगे के शिकायत मिलल रहे। एसपी उत्तरी ममिला के जांच कs रहल बा लो। प्रारंभिक रिपोर्ट के आधार पs नौसढ़ चौकी प्रभारी के लाइन हाजिर कs दिहल गइल बा। जांच पूरा होखला के बाद आगे के कार्रवाई होई।

Tags :
Advertisement