टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Maa Shailputri: नवरात्रि के पहिला दिन माई शैलपुत्री के आराधना

09:50 AM Oct 03, 2024 IST | Sonu Kishor
शारदीय नवरात्र: माई शैलपुत्री
Advertisement

आज शारदीय नवरात्र के प्रतिपदा तिथि हऽ। आज के दिन कलश स्थापना कइल जाला। नौ दिनों तक माई दुर्गा के अलग-अलग स्वरूप के उपासना कइल जाल। माई दुर्गा के पूजा करे से हर मनोकामना पूरा होला। एकरा साथ ही घर में सुख आ समृद्धि बरसेला। शारदीय नवरात्रि के पहिला दिन कलश स्थापना पs 3 दुर्लभ एवं शुभ योग का निर्माण हो रहल बा। एह योग में जगत के देवी माई दुर्गा के पूजा करे से साधक के अक्षय फल के प्राप्ति होई। नवरात्रि के पहिला दिन मां शैलपुत्री के आराधना होला। धार्मिक मान्यता के अनुसार माई शैलपुत्री हिमालयराज के पुत्री हई।

Advertisement

माई शैलपुत्री के स्वरूप 

देवी शैलपुत्री वृषभ पs सवार बाड़ी। माई श्वेत रंग के वस्त्र धारण कइले बाड़ी। माई के दहिना हाथ में त्रिशूल आ बाएं हाथ में कमल के फूल होला। माई के इ रूप सौम्यता, करुणा, स्नेह आ धैर्य के दर्शावेला। मान्यता बा कि माई शैलपुत्री के पूजा करे से व्यक्ति के सुख-समृद्धि के प्राप्ति होला। शास्त्रन के अनुसार माई शैलपुत्री चंद्रमा के दर्शावेली। माई दुर्गा के शैलपुत्री स्वरूप के आराधना कइला से चंद्र दोष से मुक्तियो मिलेला।।

Tags :
2024 NavratriBhojpuri News Navratri SpecialMaa ShailputriNavratri 2024Navratri day 1
Advertisement
Next Article