टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

नायब सिंह सैनी होइहें हरियाणा के नया सीएम : खट्टर के इस्तीफा के बाद विधायक दल के बैठक में नेता चुनल गइलें, सांझ के 5 बजे शपथ

03:04 PM Mar 12, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

कुरुक्षेत्र से भाजपा सांसद नायब सिंह सैनी हरियाणा के नया सीएम होइहें। मंगर के मुख्यमंत्री मनोहर लाल खट्टर के इस्तीफा के बाद विधायक दल के बैठक में उनका के नेता चुनल गइल।

Advertisement

नायब सिंह सैनी सरकार बनावे के दावा करे राजभवन पहुंच रहल बाड़ें। सांझ 5 बजे ऊ मुख्यमंत्री पद के शपथ लिहें। सैनी विधायक दल के नेता चुनल गइला पs पीएम मोदी, गृह मंत्री अमित शाह आ भाजपा अध्यक्ष जेपी नड्डा के आभार व्यक्त कइलें।

सैनी मनोहर लाल के करीबी हवे। 27 अक्टूबर, 2023 के उनका के हरियाणा भाजपा के अध्यक्ष बनावल गइल रहे।

एकरा पहिले मनोहर लाल BJP आ जननायक जनता पार्टी (JJP) के गठबंधन टूटला के बाद मंगर के सबेरे 11:50 बजे राज्यपाल के आपन इस्तीफा सउप देलें रहस। एकरा बाद विधायक दल के बैठक बोलावल गइल।

JJP दिल्ली में अपना विधायकन के बैठक बोलवले बिया। ई बैठक पूर्व डिप्टी सीएम दुष्यंत चौटाला के आवास पs चल रहल बा। हालांकि पार्टी के 10 में से पांच विधायक एह बैठक में नइखे पहुंचल लो। बतावल जा रहल बा कि ई सभे BJP के संपर्क में बा लो।

Tags :
Bhojpuri Newsbreaking newsHariyana NewsNayab Singh SainiNew CMState BJP President
Advertisement
Next Article