टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Neeraj Chopra: नीरज चोपड़ा के फेरु बाजल डंका, वर्ल्ड एथलीट ऑफ द ईयर खातिर भइले नॉमिनेट

08:39 AM Oct 13, 2023 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

साल 2023 के विश्व एथलीट : भारत के जेवलिन थ्रोअर

नीरज चोपड़ा खातिर ई साल अबले बढ़िया रहल बा। विश्व एथलेटिक्स चैम्पियनशिप आ एशियन गेम्स में स्वर्ण पदक जीतला के बाद अब ऊ एगो अउरी रिकार्ड बनावे खातिर तइयार बाड़न। नीरज चोपड़ा के ‘वर्ल्ड एथलीट ऑफ द ईयर’ अवार्ड 2023 खातिर नामित कइल गइल बा। अबकी बेर दुनिया भर के 11 गो खिलाड़ियन के वर्ल्ड एथलीट ऑफ द ईयर अवार्ड खातिर नामांकित कइल गइल बा। बता दीं कि 11 दिसंबर के विश्व एथलेटिक्स के सोशल मीडिया प्लेटफार्म पs विजेता के नाम के एलान कइल जाई।

वर्ल्ड एथलीट ऑफ द ईयर बने से एक कदम दूर 

25 बरीस के नीरज विश्व एथलेटिक्स चैम्पियनशिप में स्वर्ण पदक जीते वाला पहिला भारतीय खिलाड़ी हउवें। अगस्त में हंगरी के बुडापेस्ट में खेलल गइल विश्व एथलेटिक्स चैम्पियनशिप में भी नीरज स्वर्ण पदक जीतले रहले। नीरज 88.88 मीटर के दूरी बना के स्वर्ण पदक जीतले। पिछला एशियन गेम्स में नीरज चोपड़ा स्वर्ण पदक भी जीत चुकल रहले।

प्रशंसक भी वोट क s सकेलें

वर्ल्ड एथलेटिक्स काउंसिल आ वर्ल्ड एथलेटिक्स परिवार ईमेल से आपन वोट दीहें जबकि प्रशंसक वर्ल्ड एथलेटिक्स सोशल मीडिया प्लेटफार्म के माध्यम से ऑनलाइन वोट कs सकेलें। हर नामांकित के अलग-अलग ग्राफिक्स एह हफ्ता फेसबुक, एक्स, इंस्टाग्राम आ यूट्यूब पs डालल जाई। फेसबुक, इंस्टाग्राम अवुरी यूट्यूब पs एक्स पs 'लाइक' चाहे रिट्वीट कईल वोट के रूप में गिनल जाई।

 

 

 

 

Tags :
Javelin throwerNeeraj ChopraOlympicWorld Athlete of the YearWorld Athlete of the Year 2023 Award
Advertisement
Next Article