For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

NEET 2024 Paper Leak: EOU जलदिए CBI के हवाले करी केस रिपोर्ट, काल्ह धर्मेंद्र प्रधान अधिकारियन संग करिहें समीक्षा बैठक

10:19 PM Jun 23, 2024 IST | Sonu Kishor
neet 2024 paper leak  eou जलदिए cbi के हवाले करी केस रिपोर्ट  काल्ह धर्मेंद्र प्रधान अधिकारियन संग करिहें समीक्षा बैठक
Advertisement

NEET UG 2024 Paper Leak Case बिहार पुलिस मे आर्थकि अपराध इकाई केंद्रीय शिक्षा मंत्रालय के शनिचर को जांच रिपोर्ट सौंप देले बिया। काल्ह यानी सोमार के धर्मेंद्र प्रधान ईओयू के डीआईजी नैयर हसनैन खान सहित कई अफसरन के साथे समीक्षा बइठक करिहें। एकरा अलावा सीबीआई जलदिए जांच समहारे खातिर पटना पहुंची। आर्थिक अपराध इकाई मामला के सब अपडेटेड रिकॉर्ड सीबीआई के सउंपी।

Advertisement

बिहार सरकार 5 मई के आयोजित नीट यूजी परीक्षा में अनियमितता से संबंधित मामला के सीबीआई के सउंपी। मामला के जांच खातिर सीबीआई के टीम जलदिए पटना पहुंच सकऽ तिया।

न्‍यूज एजेंसी एएनआई के अनसार, ईओयू के डीआईजी नैयर हसनैन खान बतवले क‍ि आर्थिक अपराध इकाई मामला के सब अपडेटेड रिकॉर्ड सीबीआई के सउंपी।

24 लाख विधार्थी देले रहले परीक्षा

उहे, नीट पेपर लीक मामला के जांच कर रहल ईओयू शनिचर के केंद्रीय शिक्षा मंत्रालय के आपन रिपोर्ट सउंप देलस। स्नातक चिकित्सा कार्यक्रम खातिर NEET-UG 2024 खातिर 5 मई के लगभग 24 लाख छात्र उपस्थित भइल रहले। परिणाम 4 जून के तय समय से पहिले जारी कइल गइल रहे।

ईओयू केंद्रीय शिक्षा मंत्रालय के सउंपी रिपोर्ट

न्‍यूज एजेंसी आईएएनएस के अनुसार, नैयर हसनैन खान शनिचर के दिल्ली में शिक्षा मंत्रालय के अधिकारियन से मुलाकात कइले आ रिपोर्ट सउपले, जवना में 13 गिरफ्तार व्यक्तियन के बयान, एडमिट कार्ड, आंशिक रूप से जरल प्रश्नपत्र, पुस्तिका आ एनएचएआई गेस्ट हाउस के बुकिंग रिकॉर्ड शामिल बा, जहां उम्मीदवार परीक्षा से एक दिन पहिले कथित तौर पs प्रश्नपत्र लीक होखे के बाद उत्तर याद कइले रहले।

सूत्रन के अनुसार, केंद्रीय शिक्षा मंत्री धर्मेंद्र प्रधान सोमार के खान सहित अधिकारियन के साथे समीक्षा बइठक कर सकऽ ताड़न।

Tags :
Advertisement