टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

NEET UG Counselling 2024: नीट यूजी काउंसलिंग 2024 राउंड-1 के सीट आवंटन आज

11:45 AM Aug 23, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

NEET UG Counselling 2024: मेडिकल काउंसलिंग कमेटी के ओर से नीट यूजी काउंसलिंग के पहिला चरण में  भइल सीट आवंटन के परिणाम आज जारी कइल जाई। एमबीबीएस, बीडीएस, बीएससी नर्सिंग कोर्स में दाखिला खातिर सीट लॉकिंग प्रक्रिया 21 अगस्त के बंद हो चुकल बा। एमसीसी च्वाइस फिलिंग आ सीट लॉकिंग के अंतिम तिथि 20 अगस्त से बढ़ाके 21 अगस्त कइल गइल रहे। पहिला चरण के सीट आवंटन के परिणाम आज जारी कइल जाई। ओहिजा, 24 अगस्त से 29 अगस्त के बीच अभ्यर्थियन के ओह कॉलेजन में रिपोर्ट करे के होई, जहां के सीट ओह लोगन के आवंटित कइल गइल बा। 30 अगस्त आ 31 अगस्त के उम्मीदवारन के डेटा वेरिफिकेशन कइल जाई।

Advertisement

एमसीसी काउंसलिंग से सरकारी कॉलेजन में ऑल इंडिया कोटा के 15 फीसदी सीटन आ डीम्ड, केंद्रीय विश्वविद्यालय, ईएसआईसी, एएफएमएस संस्थानन, एम्स, जिपमर के 100 फीसदी सीटन पs दाखिला मिली। ओहिजा, 85 फीसदी सीट स्टेट लेवल काउसंलिंग के माध्यम से भरल जाये के बा। बता दीं कि काउंसलिंग प्रक्रिया 710 मेडिकल कॉलेजन के 1.10 लाख एमबीबीएस सीट आ बीडीएस के 7,868 सीट खातिर हो रहल बा। एकरा अलावे 1000 बीएससी नर्सिंग के सीटन पs दाखिला मिली। देस के आयुष आ पशु चिकित्सा कार्यक्रमन में कइयन सीट आवंटित कइल जाई।

जरूरी दस्तावेज

5 सितंबर से सुरू होई दूसरका चरण के काउंसलिंग

दूसरका चरण के काउंसलिंग प्रक्रिया पांच सितंबर से 10 सितंबर के बीच करावल जाई। ओहिजा, दूसरका चरण के सीट आवंटन 11-12 सितंबर के होई। बता दीं कि नीट के काउंसलिंग के कुल चार चरण होई। दाखिला प्रक्रिया 30 अक्तूबर तक पूरा कइल जाई।

Tags :
Bhojpuri Newseducation newsFirst Round seat AllotmentNEET UG Counsellingneet-ug
Advertisement
Next Article