For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

NEET UG Result 2024: घोषित भइल नीट यूजी रि-एग्जाम के नतीजा, 813 उम्मीदवारन के स्कोर कार्ड जारी

08:38 AM Jul 01, 2024 IST | Sonu Kishor
neet ug result 2024  घोषित भइल नीट यूजी रि एग्जाम के नतीजा  813 उम्मीदवारन के स्कोर कार्ड जारी
Advertisement

NEET UG Result 2024: नेशनल टेस्टिंग एजेंसी (NTA) 1563 उम्मीदवारन खातिर 23 जून के आयोजित मेडिकल डेंटल आयुष आ नर्सिंग स्नातक प्रवेश परीक्षा NEET UG पुनर्परीक्षा के परिणाम (NEET UG Re-Exam Result 2024) आज यानी सोमार के 1 जुलाई के करने जा रहल बा। पुनर्परीक्षा में खाली 813 उम्मीदवार सम्मिलित भइल रहलें। एकरा से पहिले NTA रि-एग्जाम खातिर फाइनल आंसर-के 28 जून के जारी कइले रहे।

Advertisement

राष्ट्रीय परीक्षा एजेंसी (NTA) द्वारा आयोजित राष्ट्रीय पात्रता सह प्रवेश परीक्षा - यूजी (NEET UG) 2024 के पुनर्परीक्षा (Re-Exam) के नतीजन के घोषणा आज यानी सोमार, 1 जुलाई के कऽ दिहल गइल बा। एजेंसी के ओर से रि-एग्जाम के नतीजे 30 जून तक जारी कइल जाए के रहे, बाकिर ऐतवार के घोषित ना होखे से मानल जात रहे कि नीट यूजी पुनर्परीक्षा परिणाम (NEET UG Re-Exam Result 2024) अब सोमार के कवनो तरे समय घोषित कऽ दिहल जाई।

बता दी कि NTA के ओर से रि-एग्जाम के आयोजन 1563 उम्मीदवारन खातिर कइल गइल रहे, बाकिर पुनर्परीक्षा में खाली 813 उम्मीदवारे सम्मिलित भइले, जेकर परिणाम जारी करे जाए के बा। ई उम्मीदवार औपचारिक ऐलान के बाद आपन परिणाम NEET UG 2024 परीक्षा पोर्टल, exams.nta.ac.in/NEET पs अपना अप्लीकेशन नंबर आ डेट ऑफ बर्थ के डिटेल के जरिए लॉग-इन करके देखल जा सकत।

एकरा से पहिले NTA 5 मई के परीक्षा आयोजित करे आ फेर से 4 जून के नतीजन के घोषणा के बाद से लगातार विवादन में रहल मेडिकल, डेंटल, आयुष आ नर्सिंग स्नातक प्रवेश परीक्षा NEET UG 2024 के रि-एग्जाम खातिर फाइनल आंसर-की 28 जून के जारी कइले रहे। साथही, एजेंसी एकरा पs उम्मीदवारन से उनकर आपत्तियन के 29 जून तक आमंत्रित कइले रहे। एह आपत्तियन के समीक्षा के बाद अब पुनर्परीक्षा परिणाम (NEET UG Re-Exam Result 2024) घोषित करे जाए के रहे।

बता दी कि NEET UG 2024 के 4 जून के घोषित नतीजन में कई गो उम्मीदवारन के ग्रेस मार्क्स दिहल जाए पw विरोध के चलते NTA एह कैंडिडेट्स खातिर पुनर्परीक्षा के आयोजन करावे के जानकारी सर्वोच्च न्यायालय में अलग अलग सम्बन्धित याचिका पs सुनवाई के दौरान देले रहे। एही क्रम में एजेंसी पुनर्परीक्षा के आयोजन 23 जून के कइले रहे स नतीजा 30 जून तक जारी करे के रहे।

Tags :
Advertisement