For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Nepal Bus Accident : 51 यात्री लेके कपिलवस्तु से काठमांडो जा रहल बस नदी में गिरल, सात लोगन के मौत

06:00 AM Mar 07, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
nepal bus accident   51 यात्री लेके कपिलवस्तु से काठमांडो जा रहल बस नदी में गिरल  सात लोगन के मौत
Advertisement

उत्तराखंड के सीमा से सटल नेपाल में एगो बस के नदी में गिरला से छव यात्रियन के मौत हो गइल। बस कपिलवस्तु से काठमांडो जात रहे। गंभीर रूप से घायल सात लोगन के काठमांडो भेजल गइल बा। बाकी के गजुरी के अस्पताल में उपचार चल रहल बा।

Advertisement

हादसा बुध के सबेरे पांच बजे दाढिंग के गजुरी गांव पालिका पांच के घाटबेंसी नाम के स्थान पs भइल। जिला प्रहरी कार्यालय धाढिंग के प्रहरी प्रवक्ता प्रहरी उप निरीक्षक संतुलाल प्रसाद जायसवाल बतवलें कि बस में 51 यात्री सवार रहे लो ।

ऊ बतवलें कि अब तक 38 सवारियन के नदी से बाहर निकालल गइल बा। बस चालक 38 साल के हरीराम हरीजन निवासी रुपंदेही लुंबिनी संस्कृति नगरपालिका नौ के नेपाल प्रहरी पकड़ लेले बा। ओकरा से हादसा के कारनन के पूछताछ कइल जा रहल बा।

साभार : अमर उजाला

Tags :
Advertisement