For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Nepal Floods: दु दिन के बारिश से बेहाल भइल नेपाल,112 से ज्यादा लोग के मौत

04:59 PM Sep 29, 2024 IST | Sonu Kishor
nepal floods  दु दिन के बारिश से बेहाल भइल नेपाल 112 से ज्यादा लोग के मौत
दु दिन के बरखा के बाद बेहाल भइल नेपाल
Advertisement

दू दिन से नेपाल में भारी बरखा हो रहल बा। जवना के चलते राजधानी काठमांडू समेत बहुत इलाका पानी में डूबल बा। अबहीं ले 112 से अधिका लोग के मौत हो चुकल बा। करीब 67 लोग लापता बाड़े। स्कूल बंद कऽ दिहल गइल बा

Advertisement

बरखा के चलते नेपाल में कई जगहा भूस्खलन हो चुकल बा। काठमांडू मे भूस्खलन आ बरखा से जुड़ल घटना मे ३७ जने के मृत्यु भइल बा । करीब 40 लाख लोग प्रभावित बाड़े। हिमालय में बसल एह देश में जिनिगी ठप्प हो गइल बा।

बचावकर्मी लोग के बचावे में व्यस्त बाड़े। बाकिर कठिन भौगोलिक हालात के चलते समस्या पैदा हो रहल बा। प्रशासन लोग से अपना बच्चा के बाहर जाए से रोके के कहले बा। बारिश के चलते बहुत स्कूल अउरी विश्वविद्यालय के भवनो के नुकसान पहुंचल बा।

शिक्षा मन्त्रालय के प्रवक्ता लक्ष्मी भट्टराय जनता से घर मे रहे के गोहार लगवले बाड़ी। साथही कहल गइल कि लइकन के स्कूल ना भेजल जाव। बाढ़ प्रभावित इलाका में सगरी स्कूल बंद कर दिहल गइल बा।

काठमांडू में 12.7 इंच बरखा भइल बा। बागमती नदी खतरा के निशान से सात फीट ऊपर बहत बिया। जवना के चलते बाढ़ के पानी निचला इलाका में घुस गइल बा। 29 सितंबर 2024 के कुछ राहत मिलल बा। बाकिर खतरा दूर नइखे भइल।

मौसम वैज्ञानिक गोविन्द झा के कहनाम बा कि नेपाल के कुछ इलाका में अबहियो बरखा के संभावना बा। काहे कि बंगाल के खाड़ी में लो प्रेशर सिस्टम बनल बा। जवना के चलते भारत आ नेपाल के इलाकन में बरखा हो रहल बा।

इंटरनेशनल सेंटर फॉर इंटीग्रेटेड माउंटेन डेवलपमेंट के वैज्ञानिक लोग के कहनाम बा कि जलवायु में अजीब बदलाव हो रहल बा। कबो-कबो शांत हो जाला। कबो-कबो तऽ अचानक बदल जाला। अइसना में मौसम में बहुत बदलाव देखाई देता।

Tags :
Advertisement