For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

नेपाल में आसमान से बरसल आफत, बाढ़ से 39 के मउत, 11 गो लोग लापता

06:42 PM Sep 28, 2024 IST | Minee Upadhyay
नेपाल में आसमान से बरसल आफत  बाढ़ से 39 के मउत  11 गो लोग लापता
नेपाल में लगातार बरखा के कारण कई जिला में बाढ़: फोटो
Advertisement

Advertisement

नेपाल में लगातार बरखा के कारण कई जिला में बाढ़ आ चुकल बा। बाढ़ के चलते कम से कम 39 लोग के मउत हो गईल। शुक से नेपाल के कई जगहा बरखा हो रहल बा। आपदा अधिकारी नेपाल के कई जिला में आकस्मिक बाढ़ के चेतावनी देले बाड़े।

राजधानी काठमांडू में 9 जने के मउत

स्थानीय मीडिया रिपोर्ट के मुताबिक काठमांडू में 9, ललितपुर में 16, भक्तपुर में 5, कवरेपालनचौक में 3, पंचथर अवुरी धनकुटा में दु-दु जने के मउत हो गईल। बाढ़ में कुल 11 लोग लापता बाड़े।

काठमांडू में डूबल 226 घर

काठमांडू में 226 घर डूब गइल. प्रभावित इलाका में नेपाल पुलिस के ओर से करीब तीन हजार सुरक्षाकर्मी के बचाव दल के तैनात कईल गईल बा। बरखा के बीच लोग के सुरक्षित जगह पs भेजल जा रहल बा।

भारी बरखा के बीच उड़ान रद्द

एही बीच नेपाल के नागरिक उड्डयन प्राधिकरण देश के खराब मौसम के चलते शुक के शनिवार के सबेरे ले सभ घरेलू उड़ान रद्द कs देलस। ई तब भइल जब नेपाल के मौसम पूर्वानुमान प्रभाग लगातार चार दिन से रेड अलर्ट जारी कइले बा। नेपाल के 77 जिला में से 56 जिला भारी बरखा के चपेट में बा।

Tags :
Advertisement