For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

यूपी के 17 गांवन में नेपाली मोबाइल नेटवर्क के कब्जा

10:34 AM Nov 06, 2024 IST | Minee Upadhyay
यूपी के 17 गांवन में नेपाली मोबाइल नेटवर्क के कब्जा
Advertisement

Advertisement

नेपाल में चीनी दूरसंचार कंपनी हुवावे के ओर से वाई-फाई नेट सेंटर लगावे के बाद सीमावर्ती गांव में भारतीय कंपनी के सिग्नल कमजोर हो गईल बा। सीमा के पास स्थित यूपी के 17 गांव पs नेपाली नेटवर्क अपना कब्जा में ले लेले बा। गोरखपुर जोन में आवे वाला एह गाँवन में अब भारतीय नेटवर्क बिल्कुल काम ना करे. इहाँ ले कि पुलिस के भी अब निगरानी करे के स्थिति में नईखे। एकर गोपनीय रिपोर्ट सरकार के भेज दिहल गइल बा. चीनी कंपनी के जासूसी के आशंका के बीच अब एकर मुकाबला करे खातिर एगो अध्ययन कइल जा रहल बा.

दरअसल चीनी कंपनी हुवावे नेपाल में 3-जी नेटवर्क के 4जी में अपग्रेड करे के काम कs रहल बिया। एकरा खातीर हुवावे सीमावर्ती इलाका में हाई फ्रीक्वेंसी वाई-फाई नेट सेंटर बनावतिया। हुवावे पs चीन सरकार खातिर जासूसी करे के आरोप लागल बा. आशंका लागल बा कि कंपनी अपना प्लांट में जासूसी से जुड़ल उपकरण लगावेले। अयीसना में जब हुवावे सीमा क्षेत्र में काम शुरू कईलस तs भारतीय एजेंसी के अलर्ट कs दिहल गईल। एकरा संगे यूपी सरकार के गृह विभाग सीमा क्षेत्र में बाकी गतिविधि के संगे हुवावे कंपनी के नेटवर्क के असर के लेके भी काम शुरू कs देले बा। एकरा बारे में सीमा क्षेत्र के सभ जिला से रिपोर्ट तैयार कs के सरकार के भेजल गईल बा। रिपोर्ट के मुताबिक गोरखपुर अंचल में श्रावस्ती के ताराताल, कोटिया घाट, ईश्वरीगंज, धनौरा, दुर्गागंज, शंकरपुर, अग्घरवा, भदई गांव, पचपकरा, पिपरहवा, जमुनहा, बलरामपुर जनपद के भगवतीगंज, सिद्धार्थनगर के धनौड़ा, कलवट समेत 17 गांव में, अब उहाँ खाली नेपाली लोग रहत बा नेटवर्क खुदे काम कs रहल बा।

नेपाल बार्डर से लागेला यूपी के सात जिला

यूपी के सात जिला नेपाल के सीमा पs बा। एहमें से पाँच गो जिला गोरखपुर अंचल के हs जबकि लखीमपुर खीरी लखनऊ में आ पीलीभीत बरेली जोन में आवेला. एह जिला के खुला सीमा से नेपाल से लोग आसानी से आ सकेलें, एही से सड़क पs चेकिंग प्वाइंट बनावल गइल बा। अधिकतम सीमा 84 किलोमीटर महाराजगंज में बा। एकरा अलावे सिद्धार्थनगर, बहराइच अवुरी बलरामपुर अवुरी श्रावस्ती जिला में नेपाल के खुला सीमा पs जांच कईल जाता।

हुवावे सीमावर्ती इलाका में वाई-फाई नेट सेंटर लगा रहल बा

नेपाल आ भारत के खुला सीमा के चलते दुनो ओर से लोग एक दूसरा के इलाका में आवत-जात रहेला। इहे कारण बा कि सीमावर्ती इलाका के लोग दुनो देश के कंपनी के सिम कार्ड के इस्तेमाल करेले। भारतीय क्षेत्र के नेटवर्क के 5जी में अपग्रेड कs दिहल गईल बा। इनकर आवृत्ति नेपाल सीमा से 2 किलोमीटर ले काम करेला। बाकिर नेपाल में जहां चीनी कंपनी हुवावे वाई-फाई नेट सेंटर बनवले बिया, उहाँ भारत के सीमा से 500 मीटर ले खाली उहे कंपनी के नेटवर्क काखालs रहल बा।

Tags :
Advertisement