For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

'राजनीतिक करियर के नया शुरुआत' काल्ह कांग्रेस के कहले अलविदा, आज BJP में शामिल होइहें अशोक चव्हाण

03:17 PM Feb 13, 2024 IST | Sonu Kishor
 राजनीतिक करियर के नया शुरुआत  काल्ह कांग्रेस के कहले अलविदा  आज bjp में शामिल होइहें अशोक चव्हाण
Advertisement

Ashok Chavan join BJPअशोक चव्हाण भाजपा आज शामिल होखे वाला बाड़े। मराठवाड़ा क्षेत्र में अशोक चव्हाण के जबरदस्त ताकत बा। आगामी लोकसभा चुनाव से पहिले जदि उऽ भाजपा के दामन थाम लेत बाड़े तऽ महाराष्ट्र में भाजपा अउरी ताकतवर हो सकत बिया। जानकारी इ हो सामने आ रहल बा कि भाजपा उनकरा के बतौर सांसद राज्यसभा भेज सकत बिया।

Advertisement

एएनआई, मुंबई। Ashok Chavan । आगामी लोकसभा चुनाव से पहीले कांग्रेस पार्टी के एगो बड़ झटका लागल बा। महाराष्ट्र के पूर्व मुख्यमंत्री अशोक चव्हाण सोमवार (12 फरवरी) के कांग्रेस का दामन छोड़ देले।

फडणवीस अशोक चव्हाण के लेके ला कहले?

अशोक चव्हाण के कांग्रेस छोड़े जाए पs भाजपा के उप मुख्यमंत्री देवेंद्र फडणवीस कहले कि अन्य दल के कई बड़ नेता हमनी के संपर्क में बाड़े। आगे-आगे देखि, का होत बा। कहल जा रहल बा कि अशोक चव्हाण समर्थक कई विधायक कांग्रेस छोडले भाजपा, शिवसेना शिंदे गुट या राकांपा अजीत गुट में जाए के तइयार बइठल बाड़े।

भाजपा के मराठवाड़ा क्षेत्र में बढ़ि ताकत

बता दी कि मराठवाड़ा क्षेत्र में अशोक चव्हाण के जबरदस्त ताकत बा। आगामी लोकसभा चुनाव से पहीले जदि उऽ भाजपा का दामन थाम लेत बाड़े तऽ इ महाराष्ट्र में भाजपा अउरो ताकतवर हो सकतऽ बिया। जानकारी इहो सामने आ रहलऽ बिया कि भाजपा उन्का बतौर सांसद राज्यसभा भेज सकत बिया। अमरावती से निर्दलीय विधायक रवि राणा दावा कइले बाड़े कि 10 से 15 विधायक अशोक चव्हाण के संपर्क में बाड़े।

अशोक चव्हाण के राजनीतिक करियर पs नजर

अशोक चव्हाण 1986 से 1995 ले महाराष्ट्र प्रदेश युवा कांग्रेस कमेटी के उपाध्यक्ष आ महासचिव रहले। उन्हां के 1999 मई 2014 ले तीन कार्यकाल के खातिर महाराष्ट्र विधानसभा में कर्या कइले बाड़े।

उऽ 8 दिसंबर 2008 से लेके 9 नवंबर 2010 तक ले महाराष्ट्र के मुख्यमंत्री के रूप में रहलऽ बाड़े।। 9 नवंबर 2010 के कांग्रेस पार्टी उनकरा के आदर्श हाउसिंग सोसाइटी घोटाला से संबंधित भ्रष्टाचार के आरोप पs पद से इस्तीफा देवे खातिर कहलस।

2014 के आम चुनाव में चव्हाण नांदेड़ निर्वाचन क्षेत्र से चुनल गइले, बाकी 2019 में भाजपा के प्रताप पाटिल चिखलीकर से सीट हार गइले। उऽ महाराष्ट्र में कांग्रेस के नइया छोड़े वाला तीसर बड़हन नाव बाड़े। सबसे पहीले जाए वाला रहन दक्षिण मुंबई के पूर्व सांसद मिलिंद देवड़ा, उनकरा बाद पूर्व विधायक बाबा सिद्दीकी रहे।

Tags :
Advertisement