For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

सीमा हैदर के संबंध में नया दावा : वकील कहले - उ पाक आर्मी कैंप में जात रहे, चाचा आर्मी के ट्रेनिंग देत रहले

01:59 PM May 16, 2024 IST | Raj Nandani
सीमा हैदर के संबंध में नया दावा   वकील कहले   उ पाक आर्मी कैंप में जात रहे  चाचा आर्मी के ट्रेनिंग देत रहले
Advertisement

वकील के दावा बा कि सीमा हैदर के चाचा के नाम गुलाम अकबर ह। पाकिस्तान सेना में ट्रेनिंग देवेले। सीमा अक्सर अपना चाचा से मिले जात रहे। सीमा अकेले ओहिजा जात रहे।

Advertisement

भारत में सीमा हैदर के पाकिस्तानी पति गुलाम हैदर के मामिला लड़त पानीपत के वकील मोमिन मलिक दावा कइले बाड़न कि सीमा हैदर के चाचा गुलाम अकबर हवन । पाकिस्तान सेना में ट्रेनिंग देवलन। सीमा अक्सर अपना चाचा से मिले जात रहे। उ लोग छावनी में रहत रहले। सीमा एक हफ्ता भा एकरा से अधिका रुकला के बाद वापस आवत रहे। उ अकेले जात रहे। ओकरा के ले आवे खातिर एगो रिक्शा खींचे वाला आवत रहे। ऊ अब लउकत नइखे, कहीं गायब हो गइल बा ।

पाकिस्तान से ग्रेटर नोएडा आइल सीमा हैदर के एगो नया खुलासा ।

खुलासा करे वाला व्यक्ति पाकिस्तान में रहेला आ सीमा के अलावे उ ओकरा पति गुलाम हैदर के भी बहुत बढ़िया से जानत बा। ओकरा मुताबिक सीमा अक्सर पाकिस्तानी सेना के ट्रेनिंग सेंटर में जात रहे। वकील मोमिन मलिक बतवले कि सीमा के जानकारी देवे वाला आदमी भारत में उनका संपर्क में बा। उ आपन पहचान ना बतावलख, बाकी कोर्ट में पेशी करी।

सीमा के बारे में वकील के नया दावा

- सीमा के करीबी दोस्त के मुताबिक जब भी हमार फोन खराब रहे त सीमा ठीक क देवे।

सीमा के मुताबिक सचिन मीना से उनकर बातचीत पबजी खेलत घरी शुरू भइल। एकरा संगे-संगे ओकरा करीबी केहु के दावा बा कि सीमा पबजी के लेके झूठ बोलतीया। ओकरा पबजी के बारे में भी पता नइखे।

 - सीमा कम्प्यूटर चलावे जाने के। उ एगो कंप्यूटर लेके आइल रहे। सीमा के करीबी लोग कहेला कि हमरा लगे अबहियों ओकर कंप्यूटर बा । उ कंप्यूटर तूड़ देले रहे।

- सीमा दू बेर भारत आइल रहे, पहिला बेर अकेले आइल रहे।

गुलाम हैदर के वकील मोमिन मलिक के मुताबिक सीमा पाकिस्तान से दु बेर भारत आइल रहे। पहिला बेर अकेले आइल रहे। एकरा बाद उ लईकन के लेके आइल। एकर सबूत बा, जरूरत पड़ला प हमनी के कोर्ट में भी इ सबूत देब।

सीमा कहलख- सब पाकिस्तानी के साजिश हऽ 

कुछ दिन पहिले एगो ऑडियो क्लिप सामने आइल रहे। एहमें जवन आवाज सुनल जाला ऊ ठीक सीमा हैदर के जइसन बा। एकरा बाद बहुत फोटो, वीडियो आ ऑडियो भी सोझा आइल, जवना में सीमा अपना पति सचिन आ ओकर परिवार प ओकरा संगे मारपीट करे के आरोप लगावत बिया।

Tags :
Advertisement