टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

CAA के लेके नया नोटिफिकेशन, नागरिकता खातीर देवे के होई ई प्रमाण

06:56 PM Aug 10, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

गृह मंत्रालय सीएए से जुड़ल एगो नया अधिसूचना जारी कइले बा. एकरा तहत कुछ संशोधन कs के नियम के स्पष्टीकरण दिहल गईल बा। जारी अधिसूचना में इहो बतावल गइल बा कि पहिला बेर 14 गो शरणार्थियन के सीएए के तहत भारतीय नागरिकता दिहल गइल.

नया नोटिफिकेशन में का कहल गइल बा?

नया अधिसूचना के मुताबिक कुछ नियम साफ कs दिहल गईल बा। मुख्य रूप से बतावल गईल बा कि भारतीय नागरिकता खातीर जरूरी दस्तावेज संलग्न कईल जरूरी बा कि आवेदक के माता-पिता, दादा-दादी चाहे परदादा- परदादी पाकिस्तान, बांग्लादेश चाहे अफगानिस्तान जईसन ओ मुस्लिम देश के निवासी रहले। केंद्र सरकार, राज्य सरकार चाहे न्यायिक निकाय के ओर से जारी जमीन के रिकॉर्ड मान्य होई।

सीएए का हs?

सीएए (नागरिकता संशोधन अधिनियम) एकरा तहत मुस्लिम देश पाकिस्तान, बांग्लादेश अवुरी अफगानिस्तान से प्रताड़ित होखला के बाद भारत आवे वाला चाहे 31 दिसंबर 2014 से पहिले भारत में रहेवाला शरणार्थी के भारतीय नागरिकता दिहल जाई।

भारतीय नागरिकता संशोधन अधिनियम भारत सरकार द्वारा 11 मार्च 2024 के बनावल गइल। एकरा तहत मुस्लिम देश से आवे वाला गैर मुसलमान के ही भारतीय नागरिकता दिहल जाई। एहमें हिन्दू, बौद्ध, जैन, पारसी, ईसाई आ सिख शामिल बाड़े.

 

 

 

 

 

Tags :
CAACAA NotificationNew notification regarding CAAWhat is CAA?नागरिकता संशोधन अधिनियम
Advertisement
Next Article