टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

व्हाट्सएप में नया सुरक्षा फीचर, अब दोसर केहु राउर निजी मैसेज ना पढ़ पाई।

01:07 PM Mar 03, 2024 IST | Raj Nandani
Advertisement

जदि रउवा आईफोन यूजर बानी आ रउवा व्हाट्सएप के इस्तेमाल चैटिंग चाहे वॉयस कॉल, वीडियो कॉल खातीर करs तानी तऽ रउवा खातीर एगो निमन खबर बा। व्हाट्सएप अपना आईओएस यूजर खातिर एगो बड़ सुरक्षा फीचर पेश कईले बा। व्हाट्सएप के नयका सुरक्षा फीचर से रउवा अपना खाता के पहिले से सुरक्षित बना सकतानी।

Advertisement

टेक्नोलॉजी के दौर में व्हाट्सएप आज संचार के सबसे बड़ साधन बन गईल बा। चाहे उ केहु के मैसेज कईल चाहतारे, वॉयस कॉल कईल चाहतारे, वीडियो कॉल कईल चाहतारे चाहे कवनो दस्तावेज़ भेजल चाहतारे, अधिकांश लोग सिर्फ व्हाट्सएप के इस्तेमाल करेले। एकर आसान इंटरफेस यूजर के बहुत सुविधा देवेला। करीब 2 अरब लोग ए प्लेटफॉर्म के इस्तेमाल करेले, एहसे कंपनी उपयोगकर्ता के निजता आ सुरक्षो ध्यान राखेले। व्हाट्सएप अपना लाखों यूजर खातिर एगो नया सुरक्षा फीचर जारी कइले बा।

बता दीं कि यूजर्स के सुरक्षा के ध्यान में राखत व्हाट्सएप अपना प्लेटफार्म में कई गो महत्वपूर्ण फीचर जोड़ले बा जइसे कि गुप्त कोड, एक बेर देखल, गायब होखे वाला संदेश, दू कारक प्रमाणीकरण । अब कंपनी एगो नाया सुरक्षा फीचर देले बिया। व्हाट्सएप के नया फीचर बा पासकी फीचर। बहुत दिन से ए फीचर के बारे में बात होखतऽ रहे, अब कंपनी एकरा के आईओएस यूजर खाती पेश क देले बिया।

सुरक्षा खातिर अतिरिक्त परत के व्यवस्था कईल जाई

व्हाट्सएप के पासकी फीचर खाता सत्यापन फीचर ह। एहसे यूजर के सुरक्षा के एगो अतिरिक्त परत मिलेला। व्हाट्सएप के ए अपडेट के बारे में जानकारी कंपनी प नजर राखेवाली लोकप्रिय वेबसाइट व्हाट्सएप्पिनफो देले बिया।

WABetaInfo के मुताबिक, व्हाट्सएप के इ अपडेट आईओएस खातीर व्हाट्सएप बीटा के 24.4.10.78 के अपडेट में देखल गईल बा। एहसे पुष्टि होखता कि कंपनी आईओएस बीटा टेस्टर खाती पासकी फीचर के रोल आउट करे शुरू कऽ देले बिया। एह फीचर के स्क्रीनशॉटो वोबेटेनफो शेयर कईले बा।

 

खाता लॉगिन प्रक्रिया के मजबूत कईल जाई

रउरा जानकारी खातिर हमनी के बता दीं कि पासकी एगो सुरक्षा फीचर ह, एकरा मदद से आप व्हाट्सएप लॉगिन प्रक्रिया के पहिले से जादे सुरक्षित बना सकतानी। अभी तक अलग-अलग डिवाइस में व्हाट्सएप में लॉगिन करे खातीर 6 अंक के कोड जरूरी होखेला, लेकिन ए फीचर के शुरूआत के बाद 6 अंक के कोड, फेस आईडी, टच आईडी अवुरी पासकोड के जरूरत होई। एह फीचर के सबसे जरूरी बात इ बा कि एकरा के हैकर हैक नईखन करऽ सकत।

एह फीचर के मदद से रउआ आपन निजी संदेश के सुरक्षित रख सकेनी। भलही केहु आपके फोन के स्कैन क देवे चाहे कवनो दोसरा डिवाइस प लॉग इन क लेवे, बाकी उ राउर व्हाट्सएप खाता में लॉगिन ना हो पाई। काहे कि अब व्हाट्सएप में लॉगिन करे खातिर ओकरा के रउरा जनरेट कइल पासवर्ड के जरूरत पड़ी । एह तरह से राउर निजी संदेश भी पूरा तरह से सुरक्षित रही।

Tags :
BhojpuriBhojpuri khabarEnd to End EncryptionKhabar Bhojpur NewsKhabar bhojpuriKhabar Bhojpuri Entertainment NewsnewNewsprivacyPrivacy Extension For WhatsApp WebSocial MediaUpdateWhatsapp
Advertisement
Next Article