टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

गोरखपुर विश्वविद्यालय में नया सत्र के आगाज काल्ह से, तइयारी पूरा

11:10 AM Jul 10, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

गोरखपुर। दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय में सत्र 2024-25 के आगाज बियफे से होई। एकरा खातिर तइयारी पूरा कs लिहल गइल बा। कइयन गो विभाग में नया सत्र खातिर समय सारिणी जारी कs दिहल गइल बा, ताकि पहिलही दिन से विद्यार्थियन के कक्षा के संचालन में कवनो कठिनाई ना आवे।

Advertisement

कुलपति प्रो. पूनम टंडन सब डीन के अपना संकाय से संबंधित विभागाध्यक्षन के बैठक बुलाके समीक्षा करे  खातिर कहले बाड़ी। एकर उद्देश्य नया शैक्षणिक सत्र के सुरुआत खातिर सब आवश्यक तइयारियन के पूरा करे आ शिक्षक के जिम्मेदारियन आ शिक्षण कार्यन के आवंटन के संगे पाठ्यक्रम कार्यक्रम आ समय सारिणी के अंतिम रूप देवे के बा। नया छात्रन के स्वागतो कइल जाई। एकरा संगही ओह लोगन खातिर ओरिएंटेशन प्रोग्रामो आयोजित कइल जाई।

कॉलेजन खातिर निरदेस

11 जुलाई से विश्वविद्यालय आ संबद्ध महाविद्यालयन में तृतीय, पंचम, सप्तम आ नवम सेमेस्टर आ परास्नातक तृतीय सेमेस्टर के कक्षा के संचालन सुरू हो जाई। एकरा खातिर कुलसचिव के ओर से कॉलेजन के तइयारी पूरा करे खातिर निरदेस दिहल गइल बा।

सुरू होई छात्रावास आवंटन

सत्र सुरू होखला के कुछ दिनन बाद पुरान छात्र-छात्रा खातिर छात्रावास आवंटन के प्रक्रिया सुरू हो जाई। अब जवना विद्यार्थिन के छव सीजीपीए भा ओकरा से जादे होई आ रहन-सहन अच्छा होई, ओकरा के हॉस्टल आवंटन में वरीयता दिहल जाई।

Tags :
Bhojpuri NewsDduDeen Dayal Upadhyaya Gorakhpur Universityeducation newsgorakhpur newsGorakhpur UniversityNew Starts From Tomorrow
Advertisement
Next Article