For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

9 दिसंबर ले मतदाता सूची में जुड़वां सकत बानी नाम: BLO करी लिस्ट में दर्ज नामन के जांच, 5 जनवरी के होई प्रकाशन 

12:09 PM Oct 28, 2023 IST | khabar Bhojpuri Desk
9 दिसंबर ले मतदाता सूची में जुड़वां सकत बानी नाम  blo करी लिस्ट में दर्ज नामन के जांच  5 जनवरी के होई प्रकाशन 
Advertisement

2024 के लोकसभा चुनाव के लेके निर्वाचन आयोग मतदाता सूची में नाम जोड़े के प्रक्रिया तेज कs दिहल गइल बा। सीवान जिला निर्वाचन विभाग के ओर से मतदान केंद्रन के चयन कइल जा चुकल बा। एकरा के लेकर सीवान जिला अधिकारी सह निर्वाचन पदाधिकारी मुकुल कुमार गुप्ता बतवलें की अगिला लोकसभा चुनाव के लेके मतदाता सूची मे नाम जोड़े, सुधार करे आदि के प्रक्रिया सुरू कइल गइल बा।

Advertisement

9 दिसंबर तक मतदाता सूची मे नाम जोड़े से लेके नाम मे सुधार करे, पता बदले आ नाम हटावे के काम कइल जाई। 28 आ 29 अक्टूबर के जिला के BLO सब मतदान केंद्रन पs मवजूद रही लो। जेमे मतदाता सूची के नामन के जांच कइल जाई।

बीएलओ करी लो जांच

नया मतदाता सूची में नाम जोड़े खातिर BLO से मिलके फॉर्म संख्या 6 भरके आवेदन करीं। अइसन मतदाता जेकर मृत्यु हो चुकल बा तs ओकर परिवार वाला फॉर्म संख्या 7 भरके BLO के लगे जमा करी लो आ दिवंगत के नाम मतदाता सूची से हटवा सकी लो। फॉर्म संख्या 8 भरके मतदाता आपन नाम, पिता के नाम मे सुधार करा सकी लो। संगही फॉर्म 8 से स्थान परिवर्तन, दिव्यंग्यता चिह्नित करे आ इंपीक प्रतिस्थापना करा सकत बा लो।

नया वोटर भारत के सरकार के निर्वाचन आयोग के वेबसाईट भा मोबाइल ऐप से फॉर्म भरके आवेदन कs के अपना BLO से मिलके भौतिक सत्यापन करा के आपन नाम जुड़वा सकी लो। अंतिम मतदाता सूची के प्रकाशन 5 जनवरी के कइल जाई। जिला प्रशासन के तरफ से नया मतदाता के नाम जोड़े पs सबसे अधिक जोर दिहल जा रहल बा।

साभार: दैनिक भास्कर

Tags :
Advertisement