For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

ICC चैंपियंस ट्रॉफी खातिर न्यूजीलैंड टीम के ऐलान: सेंटनर कप्तानी करिहें; विलियम्सन के एक साल के बाद वनडे टीम में वापसी

12:37 PM Jan 12, 2025 IST | Anurag Ranjan
icc चैंपियंस ट्रॉफी खातिर न्यूजीलैंड टीम के ऐलान  सेंटनर कप्तानी करिहें  विलियम्सन के एक साल के बाद वनडे टीम में वापसी
मिचेल सेंटनर के कप्तानी में न्यूजीलैंड टीम एही महीना श्रीलंका के खिलाफ टी-20 आ वनडे सीरीज जीतले बा ।
Advertisement

मिचेल सेंटनर के कप्तानी में न्यूजीलैंड टीम एही महीना श्रीलंका के खिलाफ टी-20 आ वनडे सीरीज जीतले बिया।
न्यूजीलैंड क्रिकेट टीम ICC चैंपियंस ट्रॉफी 2025 खातिर अपना 15 सदस्यीय टीम के ऐलान कs दिहल बा। स्पिन ऑलराउंडर मिचेल सेंटनर चैंपियंस ट्रॉफी में न्यूजीलैंड टीम के कप्तानी करिहें। ओहिजा, पूर्व कप्तान आ दिग्गज बल्लेबाज केन विलियम्सन के टीम में जगह मिलल बा।

Advertisement

विलियम्सन 14 महीना बाद वनडे टीम में लवटल बाड़ें। ऊ अपना देस खातिर आखिरी वनडे मैच वनडे वर्ल्ड कप-2023 के सेमीफाइनल खेलले रहस जवन नवंबर में भइल रहे।

ICC चैंपियंस ट्रॉफी 19 फरवरी से सुरू होई। न्यूजीलैंड अपना पहिला मुकाबला 19 फरवरी के पाकिस्तान के खिलाफ खेली। एही मुकाबला से टूर्नामेंट के आगाज होई।

सानदार बॉलिंग यूनिट के संगे उतरी न्यूजीलैंड टीम

चैंपियंस ट्रॉफी खातिर न्यूजीलैंड क्रिकेट टीम में मैट हेनरी, लॉकी फर्ग्यूसन, नाथन स्मिथ, बेन सियर्स आ विलियम ओरूर्के जइसन गेंदबाजन के सामिल कइल गइल बा। पिछलका साल टी-20 वर्ल्ड कप 2024 के दौरान रिजर्व खिलाड़ी रहल बेन सियर्स घुटना के चोट के बाद इंटरनेशनल क्रिकेट में वापसी कs रहल बाड़ें।

चैंपियंस ट्रॉफी खातिर न्यूजीलैंड के टीम

मिचेल सेंटनर (कप्तान), माइकल ब्रेसवेल, मार्क चापमैन, डेवोन कॉन्वे, लॉकी फर्ग्यूसन, मैट हेनरी, टॉम लैथम, डेरिल मिचेल, विलियम ओरूर्के, ग्लेन फिलिप्स, रचिन रवींद्र, बेन सियर्स, नाथन स्मिथ, केन विलियमसन आ विल यंग।

न्यूजीलैंड ग्रुप-ए में, एही ग्रुप में भारत

न्यूजीलैंड ग्रुप-ए में बा। एही ग्रुप में भारत बा। भारत आपन सब मैच दुबई में खेली। दुबई में एगो सेमीफाइनलो खेलल जाई। जदि भारत फाइनल में पहुंचल तs इहों मैच दुबई में होई। जबकि टूर्नामेंट के बाकी 10 मैच पाकिस्तान में होई। चैंपियंस ट्रॉफी आठ साल बाद होखे जा रहल बिया, 2017 में आखिरी बार पाकिस्तान भारत के फाइनल हराके खिताब जीतले रहे। ओहिजा दूसरका ग्रुप में ऑस्ट्रेलिया, इंग्लैंड, साउथ अफ्रीका आ अफगानिस्तान बा। चार आ पांच मार्च के दुगो सेमीफाइनल होई, ओहिजा नव मार्च के फाइनल खेलल जाई।

Trump swearing In Ceremony: एस. जयशंकर जइहें अमेरिका; 20 जनवरी के ट्रंप के शपथ ग्रहण समारोह में होइहें सामिल

Tags :
Advertisement