टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Bihar News: पटना में बेकाबू कार महिला-लईकन समेत पांच के कुचललस, विरोध में बवाल

09:10 PM Aug 27, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

पटना के कांटी फैक्ट्री के नजदीक सोमार के देर रात तेज रफ्तार से आ रहल एगो सफारी गाड़ी में महिला, लईकन सहित पांच के कुचल देलस। घटना के बाद तेजी से भगावे के क्रम में गाड़ी एगो रेलिंग पs जाके फंस गइल। गाड़ी में सवार सब लोग मवका से फरार हो गइल। घटना के बाद उहां उपस्थित लोग जमके हंगामा कइल। सूचना मिलतही चित्रगुप्त थाना के पुलिस मवका पs पहुंचल आ लोगन के समझा बुझाके ममिला शांत करवलस।

Advertisement

कार चालक नशा में धुत होके गाड़ी चलावत रहे

पुलिस सब घायलन के इलाज खातिर पटना के नालंदा मेडिकल कॉलेज अस्पताल में भर्ती करवले बिया। एह बीच पुलिस सफारी गाड़ी के अपना कब्जा में लेके थाना ले आइल आ गाड़ी में सवार फरार सब लोगन के तलाश सुरू कs दिहल गइल बा। लोगन के आरोप बा कि कार चालक नशा में धुत होके गाड़ी चलावत रहे। ऊ मतवाला हाथी के तरे पांच लोगन के रउदत चल गइल। पुलिस जल्दी से जल्दी ड्राइवर के तलाश करे आ सख्त से सख्त सजा दिलावें। एह ममिला के लेके चित्रगुप्तनगर थाना के प्रभारी आलोक कुमार बतवलें कि पुलिस पूरा ममिला के छानबीन कs रहल बिया। ऊ बतवलें कि गाड़ी के जब्त कs लिहल गइल बा आ गाड़ी में सवार सब लोगन के तलाश कइल जा रहल बा।

लोग सड़क पs जमके हंगामा कइल

आसपास के लोग बतावल कि जन्माष्टमी के अवसर पर कांटी फैक्ट्री के लगे पूजा के लेकर रात के समय सड़क पs बहुत भीड़ रहे। एही बीच कुम्हरार के तरफ से एहो तेज रफ्तार सफारी गाड़ी आइल आ सड़क पs महिला आउर लईकन सहित पांच लोगन के कुचल देलस। एह हादसा में सड़क पs मवजूद नेहा देवी (30), शशि देवी (30), पांचो देवी (45), परिधि कुमारी (6 माह) आ कुमार (7) घायल हो गइल लो। सूचना मिलतही चित्रगुप्त थाना के पुलिस मवका पs पहुंचल। एह बीच लोग सड़क पs जमके हंगामा कइल। पुलिस कवनो तरे लोगन के समझा बुझाके ममिला शांत करवलस। प्रत्यक्षदर्शी लोग बतावल कि सफारी गाड़ी में तीन लोग सवार रहे आ सब लोग बहुते नशा में रहे लो।

Tags :
Bhojpuri NewsCrime NewsPatna Newsroad accident
Advertisement
Next Article