For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

यूपी में राशन कार्ड धारकन खातिर खबर, अब ई-वीइंग मशीन से होई अनाज वितरण; तरजुई पऽ राशन राखला के बादे निकली परची 

11:24 AM Feb 23, 2024 IST | Sonu Kishor
यूपी में राशन कार्ड धारकन खातिर खबर  अब ई वीइंग मशीन से होई अनाज वितरण  तरजुई पऽ राशन राखला के बादे निकली परची 
Advertisement

यूपी में राशन कार्ड : तहसील क्षेत्र के कार्ड धारकन के अब ई-वीइंग मशीन से राशन वितरण कइल जाई। ई नया वितरण प्रणाली से घटतौली आ कालाबाजारी पऽ पूर्ण रोक लगावे के उम्मीद बा। काहेकि ए तकनीक से कार्ड के यूनिट के अनुसार तराजू पऽ राशन रखा जाई तबे पर्ची निकली। ना तऽ कम राशन देवे भा ना देवे पऽ अंगूठा लगावे के बादो वितरण मान्य ना होई।

Advertisement

कार्डधारक लो हमेशा मात्रा से कम राशन आ राशन ना देवे के आरोप कोटदारन पऽ लगावत उच्चाधिकारियन से शिकायत करत रहें। आरोप बा कि ई-पास मशीन पऽ अंगूठा लगावे के बादो कोटादार लो कवनो तरह के बहाना बना के राशन ना देते रहें, जदि देतो रहें तऽ मात्रा से कम। अब धारक लो ए समस्या के समाधान होत दिख रहल बा।

मशीन से कनेक्ट रहीं तरजुई

पूर्ति निरीक्षक अमित द्विवेदी बतवले कि ई-वीइंग मशीन से तरजुई आ ई-पास मशीन कनेक्ट रहीं। कोटादार कार्डधारकन के अंगूठा लगावे के बाद यूनिट के मात्रा अनुसार जब राशन तरजुई प राखीं तबे परची निकली। बतवले कि तहसील के सकलडीहा, चहनियां आ धानापुर ब्लाक में कुल 310 सरकारी सस्ते गल्ले के दोकान बा। लोगन के मार्च से नयका व्यवस्था के तहत राशन वितरित कइल जाई।

Tags :
Advertisement