For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

ब्राजील में अब ले के सबसे भयंकर बरखा आ भूस्खलन, 37 के मउत, 600 से जादा सैनिक आ 12 विमान बचाव अभियान में जुटल

08:46 AM May 04, 2024 IST | Minee Upadhyay
ब्राजील में अब ले के सबसे भयंकर बरखा आ भूस्खलन  37 के मउत  600 से जादा सैनिक आ 12 विमान बचाव अभियान में जुटल
Advertisement

Advertisement

ब्राजील के दक्षिणी राज्य रियो ग्रांडे डो सुल में भारी बरखा आ भूस्खलन हो रहल बा. राज्यपाल एकरा के अब ले के सबसे विनाशकारी बरखा अवुरी भूस्खलन बतावत बाड़े। अल जजीरा के रिपोर्ट के मुताबिक, आपदा के चलते मरेवाला लोग के संख्या 37 हो गईल बा अवुरी 74 लोग के लापता होखे के खबर बा। मरे वालन के गिनिती बढ़ सकेला.

गर्वनर आ राष्ट्रपति चिंता जतवले

राज्य में बरखा अवुरी भूस्खलन के चलते लोग के नींद ना आवे लागल बा। गिरल घर, पुल आ सड़कन के मलबा के बीच फंसल बचे वाला लोग के पता लगावे खातिर आपातकालीन अभियान शुरू कर दिहल गइल बा. बचाव अभियान जारी बा आ मरे वालन के गिनिती बढ़ सकेला. स्थिति के देखत गवर्नर एडुआर्डो लेइट आपातकाल के घोषणा कईले बाड़े।

गवर्नर एडुआर्डो लेइट कहले कि, हमनी के अपना इतिहास के सबसे खराब आपदा से निपटे के बा। बचाव के काम चलत बा बाकिर ई कहल अफसोस के बात बा कि मरे वालन के गिनिती बढ़ सकेला. राष्ट्रपति लुइज इनासियो लूला डी सिल्वा प्रभावित इलाका के पूरा समर्थन देबे के वादा कइले बाड़न आ भरोसा दिहले बाड़न कि चरम मौसम के हालात से पैदा होखे वाला समस्या के कम करे खातिर मानव भा भौतिक संसाधन के कवनो कमी ना होखी.

600 से अधिक जवान राहत कार्य में जुटल बाड़े

बचाव आ राहत कार्य में सहायता खातिर 626 सैनिकन के साथे 12 गो विमान, 45 वाहन आ 12 नाव के तैनाती कs के संघीय सहायता जुट चुकल बा। सड़क साफ करे, खाना, पानी अवुरी गद्दा जईसन जरूरी सामान के वितरण, अवुरी विस्थापित लोग खातीर आश्रय स्थापित पs ध्यान दिहल गईल बा।

एही बीच राज्य के मुख्य नदी गुइबा चिंताजनक स्तर पs पहुंचे के उम्मेद बा। अगर अयीसन भईल तs बाढ़ के स्थिति पैदा हो सकता अवुरी स्थिति अवुरी चिंताजनक हो सकता। पूर्वानुमान एजेंसी खतरा के अलर्ट जारी कइले बाड़ी सँ. बरखा के चलते बहुत समुदाय से जुड़ाव खतम हो गईल बा अवुरी जान-माल के काफी नुकसान भईल बा।

स्थिति के देखत लोग से कहल गईल बा कि उ जगह खाली करस जहवाँ खतरा जादा बा। लोग के पीये के पानी ले नईखे मिलत।

Tags :
Advertisement