टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Gorakhpur News: रिश्वत लेते गिरफ्तार भइल एनएचएआई के तकनीकी प्रबंधक निलंबित

11:45 AM Jul 10, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

गोरखपुर। राष्ट्रीय राजमार्ग प्राधिकरण (एनएचएआई) के परियोजना निदेशक कार्यालय में तैनात रहल निजी सहायक आ तकनीकी प्रबंधक विजेंद्र सिंह के निलंबित कs दिहल गइल बा। एह संबंध में एनएचएआई के दिल्ली मुख्यालय से पत्र जारी भइल बा। एकर पुष्टि परियोजना निदेशक ललित प्रताप पाल कइलें। बतवलें कि विभागीय कार्रवाई आगे जारी रही।

Advertisement

एनएचएआई के तारामंडल इस्थित कार्यालय पs बीतल तीन जुलाई के लखनऊ से आइल सीबीआई टीम निजी सहायक विजेंद्र के 50 हजार रुपिया घूस लेत रंगेहाथ पकड़ले रहे। ओकर सहारा इस्टेट इस्थित किराया के आवास पs जांच के बाद सीबीआई एगो डायरी के कब्जा में लेलस। उहां करीब साढ़े तीन लाख रुपिया के नकदी मिलल रहे।

आरोप बा कि ऊ एनओसी देवे के बदला में आवेदक से रकम मंगले रहे। ओकरा खिलाफ केस दर्ज कs के सीबीआई ओकरा के जेल भिजवा देले रहे। ममिला के गंभीरता के देखत एनएचएआई ओकरा के निलंबित कs दिहल गइल। अधिकारी लोग बतावल कि विभागीय जांच कइल जा रहल बा।

Tags :
Bhojpuri Newsgorakhpur newsNational Highway Authority of IndiaNHAISuspended Technical ManagerTechinical Mangaer Suspended
Advertisement
Next Article