For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

NIA: केरल के कोच्चि में एनआईए के छापामारी, संदिग्ध नक्सलियन के खिलाफ भइल कार्रवाई

11:37 AM Aug 13, 2024 IST | Sonu Kishor
nia  केरल के कोच्चि में एनआईए के छापामारी  संदिग्ध नक्सलियन के खिलाफ भइल कार्रवाई
Advertisement

माओवादी नेता साल 2019 में पुणे के यरवदा जेल से रिहा भइल रहे। उऽ साल 1976 में भइल कायन्ना पुलिस स्टेशन हमलो में आरोपी बा।

Advertisement

राष्ट्रीय जांच एजेंसी (एनआईए) आज केरल के कोच्चि में कई गो ठिकाना पs छापामारी कइलस। ई छापामारी नक्सलवाद से जुड़ल कुछ कथित संदिग्धन के ठिकाना पs भइल। मीडिया रिपोर्ट्स के अनुसार, एनआईए माओवादी नेता मुरलीधरन कन्नमपल्ली के ठिकाना पs छापेमारी कइलस। छापा मारे वाली एनआईए टीम में आठ अधिकारी शामिल रहले।

माओवादी नेता साल 2019 में पुणे के यरवदा जेल से रिहा भइल रहे। उऽ साल 1976 में भइल कायन्ना पुलिस स्टेशन हमला में आरोपी बा। करीब 40 साल से फरार रहला के बाद महाराष्ट्र के आतंकरोधी पुलिस साल 2015 में मुरलीधरन के गिरफ्तार कइले रहे। मुरलीधरन पूर्व आईएफएस अधिकारी कन्नमपल्ली करुणाकरन मेनन के बेटा हऽ।

Tags :
Advertisement