टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

सबेरे-सबेरे: रात में रउरो बानी नींद से परेशान, तऽ सुते से पहिले करी इs योगासन मिनटन में आईं नींद...

09:02 AM Jan 06, 2025 IST | Minee Upadhyay
निमन अवुरी गहरा नींद खातीर योगा
Advertisement

स्वस्थ रहे खातिर रात में निमन अवुरी गहरा नींद लिहल बहुत जरूरी बा। बाकिर आज के व्यस्त अवुरी तनावपूर्ण जीवन में बहुत लोग के नींद ना आवे के समस्या के सामना करे के पड़ेला। रात में नींद ना आवे के पीछे बहुत कारण हो सकता, जईसे कि देर रात तक जागल रहे, लैपटॉप चाहे मोबाइल के इस्तेमाल, देर रात तक टीवी देखल, तनाव, चिंता चाहे कवनो शारीरिक समस्या। रात में ठीक से नींद ना आवे से ना सिर्फ शारीरिक बालुक मानसिक स्वास्थ्य प भी बहुत बुरा असर पड़ेला। एकरा चलते बहुत गंभीर बेमारी के खतरा बढ़ सकता। अगर रात में नींद ना आवे के समस्या से भी परेशान बानी तs एक बेर डॉक्टर से सलाह लेवे के चाही। एकरा अलावे ए समस्या से छुटकारा पावे खाती आप कुछ योगासन के अभ्यास कs सकतानी।  आज एह लेख में हम कुछ योगासन के बारे में बतावे जा रहल बानी , जवन अनिद्रा के समस्या के दूर करे अवुरी निमन नींद लेवे में मदद कs सकता।  त आईं, एकरा बारे में विस्तार से बात होखे –

Advertisement

पहिला जवन महत्वपूर्ण योगासन बा उऽ हs-

रात में सुते से पहिले कुछ योग आसन कईला से निमन अवुरी गहरा नींद आवे में मदद मिल सकता। आईं, एह योगासन के बारे में जानल जाव-

बालासन

एह योग आसन के करे खातिर पहिले योग चटाई पs भाऽ कवनो दरी पऽ घुटना टेक के बईठे के चाहीं।अपना देह के सब वजन एड़ी प लगा दीं।ओकरा बाद एगो गहिर साँस भरत आगेके ओर झुकीं बाकिर अतना ध्यान रहे कि राउर सीना रउऽरा जाँघी के छुवे।ओकरा बाद माथ से फर्श के छूवे के कोशिश करीं।कुछ सेकंड तक एह स्थिति में रहला के बाद वापस सामान्य स्थिति में आ जाईं।एह प्रक्रिया के 3 से 5 हाली दोहराईं।

भुजंगासन

एह आसन के करे खातिर योग चटाई पर पेट पर लेट जा।
कोहनी के कमर के नजदीक अवुरी हथेली के ऊपर के ओर मुँह क के राखी।अब धीरे-धीरे साँस लेत छाती के ऊपर के ओर उठाईं।एकरा बाद धीरे-धीरे पेट ऊपर उठाईं। 30 सेकंड तक एही स्थिति में रहीं।अब साँस छोड़त धीरे-धीरे आपन माथा जमीन के ओर नीचे करीं।एह प्रक्रिया के 3 से 5 हाली दोहराईं।

बद्धकोणासन

एह आसन के करे खातिर पहिले योग चटाई पs गोड़ सीधा कs के बईठे के चाही।एकरा बाद घुटना मोड़ के दुनो तलवा के एक दूसरा से जोड़ दीं।एकरा बाद हाथ के एक दोसरा से जोड़ के गोड़ के तलवा के धई लीं।एकरा बाद दुनो आंख बंद कs के गोड़ के ऊपर नीचे ले जाईं।ई आसन रउआ 3-5 मिनट ले कs सकेनी।

शवासन

एह आसन के करे खातिर योग चटाई पर पीठ पर लेट जाईं।
अपना दुनो गोड़ के बीच तनी अंतर राखीं।अब दुनु हाथ के देह के बराबर राखीं।अब एगो लमहर साँस लेके साँस छोड़ दीं।कुछ समय बाद शुरुआती अवस्था में वापस आ जाईं। ई आसन रउआ 3-5 मिनट तक कर सकेनी।

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: 'श्रद्धा के सागर' जानीं पटना के हनुमान जी के युग्म मूर्ति वाला मंदिर 'महावीर मंदिर', इs काहें बा खास

Tags :
Good Morning NewsHealthLifestyle NewsLifestyle News in Bhojpuri.Today morning newsvyoga newsyoga for better sleepYogasanबद्धकोणासनबालासनभुजंगासनशवासनसेहत
Advertisement
Next Article