टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Nitin Gadkari Faints: यवतमाल में भाषण देत मंच पऽ अचानक बेहोश भइले नितिन गडकरी, सेहत के लेके केंद्रीय मंत्री देले अपडेट

06:30 PM Apr 24, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

Nitin Gadkari Faints: महाराष्ट्र के यवतमाल में केंद्रीय मंत्री नितिन गडकरी भाषण देत घरी मंच पऽ अचानक बेहोश होके गिर गइले। मंच पऽ मौजूद लोग उनका के उठवलस आ तुरंत इलाज खातिर अस्पताल ले गइल।

Advertisement

दरअसल लोकसभा चुनाव के देखत  गडकरी यवतमाल के पुसद में एगो जनसभा के संबोधित करत रहले। मंच पऽ बोले के दौराने उऽ अचानक लड़खड़ा के गिर गइले। फेर उहाँ आसपास मौजूद लोग तुरत उनका के सम्हरलस। आ इलाज खातिर अस्पताल ले गइल।

गडकरी के दिहल गइल चिकित्सक सहायता

कई पार्टी कार्यकर्ता लो के नितिन गडकरी के चेहरे पऽ पानी छिड़कत आ उनका के मंच से दूर ले जात देखल गइल। पहिला चरण के चुनाव में नागपुर से भाजपा के उम्मीदवार गडकरी महाराष्ट्र के मुख्यमंत्री एकनाथ शिंदे के नेतृत्व वाली शिवसेना नेता राजश्री पाटिल खातिर प्रचार करत रहले, जे यवतमाल-वाशिम लोकसभा सीट से सत्तारूढ़ महायुति गठबंधन के उम्मीदवार बाड़न।

तबीयत ठीक होखला के बाद गडकरी लिखले ई बात

तबीयत ठीक होखला के बाद नीतिन गडकरी x (पूर्व में ट्विटर) पऽ आपन सेहत के लेके अपडेट देले। उऽ पोस्ट कर के लिखले -

'रैली के दौरान गर्मी के वजह से असहज महसूस कइनी। बाकिर अब पूरा तरह से स्वस्थ बानी। अगिला सभा में सम्मिलित होखे वरूड खातिर निकल रहल बानी। राउर स्नेह आ शुभकामना खातिर धन्यवाद।'

बता दी कि महाराष्ट्र के बुलढाणा, अकोला, अमरावती, वर्धा, हिंगोली, नांदेड़ आ परभणी के साथे यवतमाल में 26 अप्रैल, शुक के लोकसभा चुनाव के दूसरका चरण में मतदान होखे के बा।

Tags :
BjpChunav parcharChunav railielection newsLoksabha Elections 2024nitin gadkari
Advertisement
Next Article