टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

NRC खातीर अप्लाई ना करे वालन के आधार कार्ड भी ना, असम सरकार के बड़ फैसला

08:28 AM Dec 12, 2024 IST | Minee Upadhyay
असम सरकार के बड़ फैसला
Advertisement

आधार कार्ड के एनआरसी से जोड़े के कोशिश के तहत असम सरकार बुध के एगो बड़ फैसला कईले बिया। असम सरकार के फैसला के मुताबिक जदी आवेदक चाहे उनुकर परिवार एनआरसी खातीर आवेदन नईखे कईले तs आधार कार्ड खातीर आवेदन भी खारिज कs दिहल जाई। मुख्यमंत्री हिमंत विश्व शर्मा कहले कि, संकटग्रस्त बांग्लादेश के नागरिक के घुसपैठ के कोशिश के देखत मंत्रिमंडल के बैठक के दौरान इs फैसला लिहल गईल। उs कहले कि, 'पिछला दु महीना में असम पुलिस, त्रिपुरा पुलिस अवुरी बसपा बहुत संख्या में घुसपैठिया के पकड़ले बिया। एही से बांग्लादेश से घुसपैठ हमनी खातिर चिंता के विषय बा।

Advertisement

हमनी के आपन व्यवस्था मजबूत करे के जरूरत बा'
शर्मा कहले कि, 'हमनी के आपन व्यवस्था मजबूत करे के जरूरत बा अवुरी एहीसे हमनी के आधार कार्ड प्रणाली के कड़ा करे के फैसला कईले बानी। एकरा खातीर नोडल एजेंसी होई अवुरी हरेक जिला में एगो अपर जिला आयुक्त संबंधित व्यक्ति होईहे। उs कहले कि, 'शुरुआती आवेदन के बाद यूआईडीएआई एकरा के सत्यापन खातीर राज्य सरकार के भेज दिही। स्थानीय सर्किल अधिकारी यानी सीओ पहिले जांच करीहे कि आवेदक चाहे उनुकर माता-पिता चाहे परिवार एनआरसी में शामिल होखे खातीर आवेदन कईले बाड़े कि ना।'

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: सरीर के फिट राखे खातीर रोज करीं इs 3 गो योगासन

Tags :
Aadhaar CardassamHimanta Biswa SarmaNrcNrc Assam
Advertisement
Next Article