For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

लिट्टी-चोखा ना...अब लिट्टी-चिकन मचा रहल बा धूम, मात्र 50 रूपिया में भरपेट लीहीं मजा, स्वाद के कवनो जवाब नइखे

11:00 AM May 27, 2024 IST | Sonu Kishor
लिट्टी चोखा ना   अब लिट्टी चिकन मचा रहल बा धूम  मात्र 50 रूपिया में भरपेट लीहीं मजा  स्वाद के कवनो जवाब नइखे
Advertisement

मैरवा-सीवान मुख्य मार्ग के तितरा बाजार में इस्थित रंजन कुमार के दोकान चिकन आ लिट्टी खातिर फेमस बा। इहाँ महज ₹50 में स्वादिष्ट चिकन आ लिट्टी के आनंद लिहल जा सकऽता।

Advertisement

बदलत समय के साथे अब लिट्टी चोखा के मार्केट डाउन होत जा रहल बा। बिहार के सीवान में अब लिट्टी चोखा के बजाए, लोग लिट्टी आ चिकन पs ज्यादा फोकस कर रहल बाड़न। इहे वजह बा कि सीवान में ई दुनु लिट्टी आ चिकन के क्रेज काफी बढ़ गइल बा। लोग काफी दिलचस्पी के साथे लिट्टी चिकन के स्वाद लेके आनंदित हो रहल बाड़े। ओहिजा, सीवान में कुछ अइसन दुकानो बाड़ी सन जहाँ चिकन आ लिट्टी खातिर काफी फेमस बा। जहां सस्ते में भरपेट चिकन आ लिट्टी खिआवल जाला।

मैरवा-सीवान मुख्य मार्ग के तितरा बाजार में इस्थित रंजन कुमार के दोकान चिकन आ लिट्टी खातिर फेमस बा। इहाँ महज ₹50 में केहू स्वादिष्ट चिकन आ लिट्टी के आनंद ले सकऽता । यह दुकान 10 बरिस से चल रहल बा। इहाँ प्रतिदिन 20 से 25 किलो चिकन के खपत हो जाला। इहाँ मुख्य मार्ग होखे के कारण राहगीर रुक के काफी शौक से लिट्टी आ चिकन के स्वाद लेवेले। देसी तरिका से तैयार मसाला चिकन के स्वाद के राज बा।

Tags :
Advertisement