For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

कवनो नया जिला नइखे बन रहल, ना एकर कवनो औचित्य बा : फतेहबहादुर सिंह

10:31 PM Sep 15, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
कवनो नया जिला नइखे बन रहल  ना एकर कवनो औचित्य बा   फतेहबहादुर सिंह
Advertisement

गोरखपुर। कैम्पियरगंज के भाजपा विधायक एआ पूर्व कैबिनेट मंत्री फतेह बहादुर सिंह अतवार के कहलें कि कैम्पियरगंज के महाराजगंज जिला के फरेंदा आ नौतनवा तहसील से जोड़ के नया जिला बनावे के कवनो औचित्य नइखे आ ना सही दिशा में कवनो काम हो रहल बा।

Advertisement

सोशल मीडिया पs एगो बयान में विधायक कहलें कि कैम्पियरगंज के फरेंदा में जोड़के नया जनपद के सृजन के ना तs वर्तमान में सरकार के कवनो अइसन मंशा बा आ ना केहू एकर मांग कइले बा। दुगो भा तीन गो तहसील मिलाके नवसृजित जनपद के कवनोऔचित्य नइखे। भगौलिक दृष्टिकोण से कैम्पियरगंज विधानसभा डोमिनगढ़ से लेके मराठा तक बा जवना के गोरखपुर जनपद के अलावे कवनो आउर जनपद में जोड़ल गइल नियमानुसार संभव नइखे। अपर जिलाधिकारी महराजगंज अपना रिपोर्ट में लिखले बाडें कि दुगो तहसील के गइला से हमनी के जनपदे समाप्त हो जाई।

विधायक कहलें कि कैम्पियरगंज के जनता मुख्यमंत्री के नेतृत्व में गोरखपुर जनपद में रही। राजस्व विभाग के त्रुटि के कारण ई भ्रांति फइलावल जा रहल बा। राजस्व विभाग एह त्रुटि के तत्काल सही करे ना तs हमनी। मुख्यमंत्री से एह संबंध में कार्यवाही खातिर वार्ता करेम सs। कवनो दशा में कवनो नया जनपद के सृजन नइखे कइल जा रहल।

साभार: गोरखपुर न्यूज लाइव

Tags :
Advertisement