For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Noel Tata: के हऽ नोएल टाटा जेकरा मिलल टाटा ट्रस्ट के कमान

04:13 PM Oct 11, 2024 IST | Sonu Kishor
noel tata  के हऽ नोएल टाटा जेकरा मिलल टाटा ट्रस्ट के कमान
नोएल टाटा - फोटो : टाटा इंटरनेशनल
Advertisement

देश के दिग्गज उद्योगपति रतन टाटा के निधन के बाद नोएल टाटा के टाटा ट्रस्ट के कमान सौंपल गइल बा। इ फैसला टाटा ट्रस्ट के बोर्ड मीटिंग में लिहल गइल। एकरा से पहिले प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी नोएल टाटा के फोन कऽ के रतन टाटा के निधन पऽ संवेदना जतवले रहले। आई बताव तानी कि नोएल टाटा के हऽ आ रतन टाटा से उनकर का रिश्ता बा-

Advertisement

नोएल टाटा के हवें?

नोएल टाटा रतन टाटा के सौतेला भाई हउवे। असल में रतन टाटा के पिता नवल टाटा के दु बेर बियाह भइल रहे। नवल टाटा के पहिला बियाह सुनी टाटा से भइल रहे, जेकरा से उनका दु बेटा रतन टाटा आ जिमी टाटा भइले। सुनी टाटा से तलाक के बाद नवल टाटा के बियाह 1955 में दूसरा बेर स्विस बिजनेसवुमन सिमोन से भइल। नोएल टाटा नेवल टाटा आ साइमन टाटा के बेटा हउवें।  नोएल टाटा सर रतन टाटा ट्रस्ट आ सर दोराबजी टाटा ट्रस्ट के बोर्ड में ट्रस्टी रहल बाड़न। नोएल टाटा टाटा ग्रुप के कंपनी जइसे कि टाटा इंटरनेशनल लिमिटेड, वोल्टास लिमिटेड, टाटा इन्वेस्टमेंट कॉर्पोरेशन लिमिटेड के चेयरमैन बाड़ें आ टाइटन कंपनी के वाइस चेयरमैन बाड़ें।

63 बरीस के नोएल नवल टाटा ट्रेंट के अध्यक्ष हउवें इहाँ के टाटा इंटरनेशनल के प्रबंध निदेशक आ टाइटन कंपनी के वाइस चेयरमैन रहल बाड़े। संभावना बा कि नोएल के टाटा सन्स के बोर्ड में निदेशक के रूप में शामिल कइल जाई। एकरा से पहिले 2010-2011 के दौरान नोएल टाटा के टाटा इंटरनेशनल के प्रबंध निदेशक बने के उम्मीद रहे आ अटकल लगावल जात रहे कि उनका के रतन टाटा के उत्तराधिकारी बनावल जाता। हालांकि साल 2011 में उनकर बहनोईं साइरस मिस्त्री के रतन टाटा के उत्तराधिकारी घोषित कऽ दिहल गइल रहे।

नोएल टाटा के बियाह आलू मिस्त्री से भइल रहे, जवन टाटा संस में सबसे बड़े एकल शेयरधारक आ साइरस मिस्त्री के पिता पालोनजी मिस्त्री के बेटी हईं। दंपति के तीन संतान बाड़े, जवन लीह टाटा, माया टाटा आ नेवाइल टाटा शामिल बाड़े। नोएल टाटा के बेटी लीह टाटा, टाटा समूह में आपन पहचान बना रहल बाड़ी। स्पेन में प्रतिष्ठित IE बिजनेस स्कूल में मार्केटिंग में आपन मास्टर डिग्री पूरी कइली आ फिलहाल टाटा समूह के साथ काम कर रहल बाड़ी। लीह ने 2006 में ताज होटल्स रिसॉर्ट्स एंड पैलेसेस में सहायक बिक्री प्रबंधक के रूप में अपनी पेशेवर यात्रा शुरू कइली। पिछला कुछ बरिसन में, उऽ रैंक में ऊपर उठत गइल बाड़ी आ वर्तमान में ताज होटल्स में विकास आ विस्तार के प्रबंधक के रूप में काम करेली।

Tags :
Advertisement