टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

टॉप-20 में सामिल कुख्यात अपराधी गिरफ्तार : 20 हजार के इनामी बदमाश 8 साल से फरार चलत रहे

10:28 PM Jan 26, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

गोपालगंज के टॉप-20 अपराधियों में सामिल कुख्यात बदमाश के पुलिस आठ साल बाद गिरफ्तार कइले बिया। गिरफ्तार कइल गइल अपराधी के पुलिस पूछताछ के बाद न्यायिक हिरासत में भेज देले बिया। गिरफ्तार अभियुक्त के पहचान सीवान के जीबी नगर थाना क्षेत्र के चाचोपाली नवकाटोला गांव निवासी परशुराम सिंह के बेटा अमरेंद्र कुमार सिंह उर्फ करिमन के रूप में कइल गइल बा।

Advertisement

एह ममिला में SP स्वर्ण प्रभात बतवलें कि जिपा के TOP-20 अपराधियन में सामिल आ डकैती कांड में वांछित अपराधी अमरेंद्र उर्फ करीमन महमदपुर थाना क्षेत्र के रहे वाला हs। जवन डकैती कांड ममिला में पिछला आठ साल से फरार चलत रहे। एकरा गिरफ्तारी खातिर 20 हजार रुपिया के इनाम जिला पुलिस कावर से घोषित कइल गइल रहे।

ओकर गिरफ्तारी बिहार STF के विशेष टीम आ गोपालगंज जिला पुलिस के सहजोग से सीवान के जीबी नगर थाना क्षेत्र से कइल गइल बा। गिरफ्तार अपराधी के खिलाफ सीवान, छपरा आ गोपालगंज जिला के अलग-अलग थाना में लूट के कइयन गो कांड दर्ज बा। फिलहाल पुलिस गिरफ्तार अभियुक्त से पूछताछ के बाद न्यायिक हिरासत में भेज देले बिया।

साभार : दैनिक भास्कर

Tags :
ArrestedBhojpuri NewsGopalganj newsGopalganj Policenotorious criminalTop 20 Miscreants
Advertisement
Next Article