टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

बिहार में अब ATM से होई ई-स्टांप के बिक्री, पटना में लागी देश के पहिला मशीन

01:43 PM Sep 24, 2024 IST | Sonu Kishor
बिहार में अब ATM से होई ई-स्टांप के बिक्री
Advertisement

अब जल्दिए बिहार के एटीएम (ऑटोमेटेड टेलर मशीन) से ई-स्टाम्प मिल जाई। एहसे आम जनता के सुविधा मिली। फिलहाल इ मशीन पटना के राज्य मुख्यालय में जांच खाती लगावल जाई। अगर सफल रिजल्ट मिलल तऽ एकरा के सगरी रजिस्ट्रेशन आफिस आ दोसरा जगहा लगावल जाई। इ जानकारी देत आबकारी आ निषेध विभाग के सचिव विनोद सिंह गुंजियाल कहले कि राज्य सरकार भौतिक डाक टिकट हटा के ई-स्टाम्प प्रणाली के पूरा तरीका से लागू करे के योजना बनाव तिया।

Advertisement

बिहार देश के पहिला राज्य बन जाई

विनोद सिंह गुंजियाल बतवले कि इ मशीन पइसा निकाले वाला एटीएम नियन होई। उऽ कहले कि अबही तक देश में कतहु अइसन वेंडिंग मशीन के माध्यम से डाक टिकट बेचे के व्यवस्था नइखे। बिहार देश के पहिला राज्य होई जवन अइसन करी। सचिव कहले कि वर्तमान में ई डाक टिकट के बिक्री सहकारी बैंक के माध्यम से हो रहल बा। विभाग चाहत बा कि ई डाक टिकट खरीदे के व्यवस्था जनता खातिर अधिका सुविधाजनक बनावल जाव।

अबहीं बिक्री फ्रैंकिंग मशीन के माध्यम से होखेला

सचिव विनोद सिंह गुंजियाल कहले कि आम जनता के सुविधा खाती फ्रेंकिंग मशीन के माध्यम से एक हजार रुपया के न्यायिक डाक टिकट बेचल जाता। हाईकोर्ट समेत 40 गो सिविल कोर्ट आ रजिस्ट्रेशन कार्यालयन में ई-कोर्ट के फीस फ्रैंकिंग मशीन के माध्यम से बेचल जाला। पुरान कार्यालय भवन आ अभिलेखागार के मरम्मत आ नया कार्यालय भवन बनावल जा रहल बा।

Tags :
bihar newsbihar news bhojpuriBIHAR Patna Biharkhabar bhojpuri khabar bhojpuri news
Advertisement
Next Article