टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

अब उज्जैनो में योगी सरकार जइसन आदेश, दुकानदारन के नांव के साथे इहो लिखे के होई; मेयर मुस्लिम के लेके कहले इ बात

09:19 AM Jul 21, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

मध्य प्रदेशो में यूपी सरकार के जइसन आदेश जारी भइल बा। भाजपा शासित उज्जैन नगर निगम दोकानदारन के प्राचीन शहर में अपना प्रतिष्ठानन के बाहर आपन नांव आ मोबाइल नंबर देखावे के निर्देश देले बाड़े। उत्तर प्रदेश के भाजपा सरकार के ओर से काँवर यात्रा मार्ग प इस्थित भोजनालय खातिर अइसने आदेश के बाद इ निर्देश आइल बा।

Advertisement

अब मध्य प्रदेशो में यूपी सरकार के जइसन आदेश जारी हो गइल बा। भाजपा शासित उज्जैन नगर निगम दोकानदारन के प्राचीन शहर में अपना प्रतिष्ठान के बहरी आपन नांव (उज्जैन दुकान के नाम प्लेट के आदेश) आ मोबाइल नंबर देखावे के निर्देश देले बा।

यूपी जइसन दोकान से बाहर नांव लिखे के पड़ी

उत्तर प्रदेश के भाजपा सरकार के ओर से काँवर यात्रा मार्ग पs इस्थित भोजनालय खातिर अइसन आदेश के बाद इ निर्देश आइल बा। समाचार एजेंसी पीटीआई के मोताबिक, उज्जैन मेयर परिषद 26 सितंबर 2002 के दोकानदार के नांव देखावे के प्रस्ताव के मंजूरी देले रहलें, जवना के बाद निगम सदन एकरा के मंजूरी दे देलस ओकरा बाद में आपत्ति आ औपचारिकता के मंजूरी मिल गइल आ एकरा खातिर राज्य सरकार के भेजल गइल, जवन कि अब लागू हो गइल बा।

ना तऽ जुर्माना लगावल जाई...

उज्जैन के मेयर मुकेश तत्वाल शनिचर के दिने कहलन कि उल्लंघन करे वालन के पहिला अपराध खातिर दू हजार रुपिया आ दुसरका बेर आदेश ना माने पs पाँच हजार रुपिया जुर्माना देबे के पड़ी।

मुस्लिम दुकानदारन के निशाना नइखे बनावल जात

मेयर कहले कि एह आदेश के मकसद सुरक्षा आ पारदर्शिता सुनिश्चित कइल बा। एकर मकसद मुस्लिम दोकानदार के निशाना बनावल नइखे। मध्य प्रदेश के मुख्यमंत्री मोहन यादव के गृहनगर उज्जैन अपना पवित्र महाकाल मंदिर खातिर जानल जाला जवना में दुनिया भर के श्रद्धालु लोग आवेलें, खास तौर पs सोमवार से शुरू होखेवाला सावन महीना में।

Tags :
dharm karmaKhabar Bhojpuri NewsUjjainUjjain Madhya PradeshUjjain Mahakal Mandirujjain news
Advertisement
Next Article