For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

गोरखपुर : यूविन ऐप के माध्यम से टीकाकरण के बाद प्रमाणपत्र जारी करे वाला प्रदेश के पहिला जिला बनल, यादो दिलाई ऐप

02:11 PM Mar 06, 2024 IST | Minee Upadhyay
गोरखपुर   यूविन ऐप के माध्यम से टीकाकरण के बाद प्रमाणपत्र जारी करे वाला प्रदेश के पहिला जिला बनल  यादो दिलाई ऐप
Advertisement

गर्भवती महिला अवुरी बच्चा के नियमित टीकाकरण भारत सरकार के यूविन ऐप के माध्यम से मोबाइल नंबर अवुरी पहचान पत्र (आईडी) के मदद से टीकाकरण सत्र पs कईल जाई। गोरखपुर में भी एकर सुरुआत हो चुकल बा। गोरखपुर राज्य के पहिला जिला बन गईल बा, जहवां जिला महिला अस्पताल में यूविन ऐप के माध्यम से गर्भवती महिला के प्रमाणपत्र जारी कईला के बाद एs ऐप के माध्यम से सत्र सुरू भईल बा। एs ऐप के एगो अवुरी खासियत इs बा कि रजिस्ट्रेशन के बाद टीकाकरण हो गईला के बाद अगिला टीका खातीर लाभार्थी के मोबाइल नंबर पs कई बेर मैसेज भेजल जाई। मुख्य चिकित्सा अधिकारी डॉ आशुतोष कुमार दुबे बतवले कि जिला टीकाकरण अधिकारी डॉ. नंदलाल कुशवाहा, उप जिला टीकाकरण अधिकारी डॉ हरिओम पांडेय, यूएनडीपी के संगठन प्रतिनिधि पवन सिंह अवुरी सहायक शोध अधिकारी अजीत सिंह के टीम एs ऐप पs जिला में होखेवाला सभ टीकाकरण सत्र के शुरुआत करी। 6 मार्च के एप के माध्यम से हर प्रखंड के पांच सत्र के संचालन होई। एप के माध्यम से शहर के नौ जगहा पs सत्र भी करावल जाई। फिलहाल जिला के 594 सत्र स्थल पs बुध अवुरी शनिचर के नियमित टीकाकरण होखेला।

Advertisement

एह सब के अलावा सोमार के छोड़ के काम के दिन में 23 शहरी स्वास्थ्य केंद्र में नियमित टीकाकरण कईल जाला। अखिल भारतीय चिकित्सा विज्ञान संस्थान (एम्स) गोरखपुर में यूविन ऐप के माध्यम से टीकाकरण सत्र पहिलही से चलावल जात रहे। केंद्र सरकार के निर्देश पs उहाँ चलावल जाए वाला पायलट प्रोग्राम के तहत 2000 से जादे लाभार्थी के सफलतापूर्वक टीकाकरण हो चुकल बा। डा. दुबे बतवले कि नया सिस्टम के तहत लाभार्थी के खाली एगो मोबाइल फोन अवुरी एक पहचान पत्र देके रजिस्ट्रेशन करावे के होई। Covid टीकाकरण के समय जवन भी पहचान पत्र वैध रहे उs सब यूविन एप पs भी वैध होई। एम्स गोरखपुर में जिला के सभ प्रखंड के मेडिकल ऑफिसर, ब्लॉक प्रोग्राम मैनेजर अवुरी डाटा एंट्री ऑपरेटर के एs संबंध में प्रशिक्षित कईल गईल बा अवुरी सत्र स्थल पs ही एएनएन के प्रशिक्षण देके सत्र के संचालन कईल जाता। एह साल जिला में एक लाख से अधिका लइकन के पूरा टीकाकरण हो चुकल बा। जवना बच्चा के टीका के कुछ खुराक मिलल बा, बाकी खुराक के भी एप के मदद से दिहल जाई। नया व्यवस्था से लाभार्थी परिवार खुद बच्चा के टीकाकरण प्रमाणपत्र डाउनलोड कs के प्रधानमंत्री मातृ वंदन योजना जईसन योजना के लाभ उठा सकेले। कहलन कि अगर ऐप पs रजिस्ट्रेशन करावे वाला लाभार्थी कवनो दोसरा राज्य में जास तs ओहिजा भी ओह लोग के टीकाकरण के विवरण आईडी आ मोबाइल नंबर के माध्यम से पता चल जाई आ बाकी राज्य में भी उs लोग के टीका मिल सकेला। सीएमओ बतवले कि गर्भवती महिला के दु बेर टीडी टीका दिहल जाला, जबकि बच्चा खातीर जनम के पांच साल के भीतर सात बेर टीका लगावे के पड़ेला। एहसे 13 प्रकार के गंभीर बेमारी से बचाव होखेला। एह दौरान जिला महिला अस्पताल में 21 साल के गर्भवती अन्नू राज के टीडी के पहिला टीका दिहल गईल। एएनएम अनुष्का के टीकाकरण के बाद उविन ऐप से उनुका के सर्टिफिकेट भी जारी कईल गईल। अन्नू राज बतवले कि चार हफ्ता बाद उनुका के दूसरा टीका करावे के कहल गईल बा। ओह लोग के बतावल गइल बा कि दुसरका टीका खातिर भी ओह लोग के मैसेज भेजल जाई। एह लोग के स्वास्थ्य विभाग के अधिकारी से प्रमाणपत्र दिहल जाई।

Tags :
Advertisement