टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

हिंसा झेल रहल मणिपुर में लागू होई NRC, राज्यपाल केंद्र सरकार के साथे भइल चर्चा

09:25 AM Jul 03, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

पिछला साल से हिंसा के सामना करे वाला पूर्वोत्तर के मणिपुर में जल्दिए राष्ट्रीय नागरिक रजिस्टर यानी एनआरसी लागू हो सकेला।  मणिपुर के राज्यपाल अनुसुइया उइके मंगल के दिने ई जानकारी दिहले बाड़न. राज्यपाल एs मामला में राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू, वित्त मंत्री निर्मला सीतारमण अवुरी गृहमंत्री अमित शाह से भी चर्चा कईले बाड़े। हमनी के पूरा मामला के बारे में बतावल जाव।

Advertisement

राष्ट्रपति आ गृहमंत्री के साथे बतकही

मणिपुर के राज्यपाल अनुसुइया उइके मंगल के दिने जानकारी दिहलन कि राज्य में एनआरसी लागू करे खातिर जरूरी कदम उठावल जाई. उs मणिपुर अखंडता के समन्वय इंटीग्रिटी’ (सीओसीओएमआई) अवुरी यूनाइटेड नगा काउंसिल (यूएनसी) के प्रतिनिधिमंडल के बतवले कि, एs मामला में राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू, वित्त मंत्री निर्मला सीतारमण अवुरी गृहमंत्री अमित शाह के संगे चर्चा भईल।

मणिपुर के जनता खातिर कदम उठावल जाई
मणिपुर के राजभवन के ओर से जारी बयान के मुताबिक राज्य में एनआरसी लागू करे खातीर जरूरी कदम उठावल जाई।  राज्यपाल आश्वासन दिहले बाड़न कि मणिपुर के जनता के हित में सगरी जरूरी कदम उठावल जाई.

Tags :
Amit shahDraupadi MurmuGovernment of IndiaManipurManipur Violence CaseNrc
Advertisement
Next Article