टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

अयोध्या में अचानक उतरले NSG कमांडो, दुकान-सड़क सब बंद, जानीं का बा माजरा

02:14 PM Jul 20, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

राम लल्ला के सुरक्षा खातिर अयोध्या में एनएसजी कमांडो के तैनाती करे के रहे। एह संबंध में एनएसजी टीम पिछला 3 दिन से लगातार आपन हुनर देखावत बिया। काल्ह राम जन्मभूमि परिसर में राष्ट्रीय सुरक्षा गार्ड (एनएसजी कमांडो) आपातकालीन इस्थिति में सुरक्षा के व्यवस्था करत आतंकी गतिविधियन से निपटे में आपन हुनर के प्रदर्शन कइलस। एकरा बाद जब देर रात एक बेर फेरु एनएसजी के कमांडो अयोध्या के सड़क पs उतरले तऽ अयोध्या के लोग तक अचरज में पड़ गइले।

Advertisement

देर रात हनुमानगढ़ी कनक भवन आ दशरथ महल के सगरी दोकान अचानक बंद हो गइल। एकरा बाद हनुमानगढ़ी बड़ा स्थान कनक भवन परिसर में एगो प्रदर्शन कइल गइल कि आतंकी गतिविधि के इस्थिति में लोग के सुरक्षा कइसे कइल जा सकत बा आउर आपातकालीन इस्थिति से कइसे निपटल जा सकऽता। एनएसजी के जवान बड़ा स्थान से लेके कनक भवन अवुरी हनुमानगढ़ी तक मॉक ड्रिल करत आपन हुनर के प्रदर्शन कइले। एह दौरान हनुमानगढ़ी आ कनक भवन के आसपास के भक्ति पथ मार्ग पूरा तरह से बंद हो गइल। अचानक भइल ए अभ्यास से स्थानीय लोगो हैरान लउकत रहले।

स्थानीय पत्रकार बतवले कि इहाँ एनएसजी कमान बनावल जाता। एहिजा सावन झूला मेला आ कावड़ यात्रा के तइयारी हो गइल बा। एकरा बारे में एनएसजी के टीम अयोध्या में आइल बिया काहे कि अयोध्या के सुरक्षा देश के शीर्ष सुरक्षा एजेंसी संभालत बिया। एनएसजी के ओर से चलावल जा रहल मॉक ड्रिल के बारे में उऽ कहले कि इ अपने आप में एगो रोमांचक आ अद्भुत दृश्य बा कि आपातकालीन इस्थिति में लोग के कइसे बचावल जा सकता, एकर प्रदर्शन भइल।

Tags :
AyodhayaayodhyaAyodhya DhamAyodhya NewsKhabar Bhojpuri News
Advertisement
Next Article