टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

अयोध्या में एनएसजी के बनीं हब, केंद्र सरकार आतंकी खतरा के देखत लेलस बड़ फैसला

02:00 PM Jun 12, 2024 IST | Sonu Kishor
Glimpses of Pran Pratishtha ceremony of Shree Ram Janmaboomi Temple in Ayodhya, Uttar Pradesh on January 22, 2024. PM presents on the occasion.
Advertisement

Ayodhya: अयोध्या में एनएसजी हब बनावे के योजना बनावल गइल बा। आतंकी हमला के खतरन के देखत ई निर्णय लिहल गइल बा। अयोध्या में राम जन्मभूमि पs मंदिर के निर्माण होखे के बाद से आतंकी खतरा के आशंका बढ़ल बा। अइसन खतरन से निपटे के योजना पs केंद्र सरकार काम कर रहल बिया।

Advertisement

अयोध्या: उत्तर प्रदेश के अयोध्या में नेशनल सिक्यूरिटी गार्ड (NSG) का हब बनाया जाएगा। कश्मीर में पिछलका तीन दिन में तीन आतंकी हमलन के बाद से देश भर में संवेदनशील इलाकन के सुरक्षा पs जोर दिहल जा रहल बा। अयोध्या एह क्रम में सबसे अधिक चर्चा में आ गइल बा। अयोध्या में राम जन्मभूमि पs मंदिर निर्माण के बाद से लगातार इहाँ के सुरक्षा पs सवाल उठत रहल बा। राम मंदिर के सुरक्षा के पुख्ता कइल गइल बा। केंद्रीय सुरक्षा बलन के तैनाती कइल गइल बा। दरअसल, 22 जनवरी 2024 के राम मंदिर में रामलला के प्राण प्रतिष्ठा के बाद से श्रद्धालुअन के संख्या में भारी इजाफा भइल बा। हर रोज डेढ़ लाख से बेसी श्रद्धालु इहाँ दर्शन कर रहल बाड़े। अइसे में इहाँ के सुरक्षा व्यवस्था के पुख्ता बनावे गइला पs जोर दिहल जा रहल बा। केंद्र सरकार के ओर से अयोध्या में एनएसजी के हब बनावे के योजना तैयार कइल गइल बा। सूत्रन के मोतबिक, एनएसजी हब में ब्लैक कैट कमांडो के तैनाती कइल जाई।

केंद्र के ओर से लिहल गइल फैसला

केंद्र सरकार की ओर से फैसला लिहल गइल बा कि अयोध्या में एनएसजी कमांडो के तैनाती कइल जाई। गृह मंत्रालय के सूत्रन के अनुसार, अयोध्या में राम भक्तन के सुरक्षा खातिर एनएसजी कमांडो के तैनाती कइल जाई। आतंकी हमला जइसन इस्थिति से निपटे खातिर विशेष रूप से एह योजना पs काम कइल जा रहल बा। जल्दिए एकरा मे जमीन पs उतारे के तैयारी कइल जा रहल बा।

इंटीग्रेटेड हब बनावे के योजना

गृह मंत्रालय के सूत्रन के हवाले से आइल मीडिया रिपोर्ट के अनुसार, अयोध्या में एनएसजी के इंटीग्रेटेड हब बनावल जाई। आतंकी खतरा से निपटे खातिर केंद्र सरकार ई योजना बनावल गइल बा। राम मंदिर आ रामभक्तन के सुरक्षा खातिर अयोध्या में ब्लैक कैट कमांडो के तैनाती कइल जाई एकर बात कइल  जा रहल बा। एनएसजी के आतंक विरोधी आ अपहरण विरोधी अभियानन के नेतृत्व एनएसजी के सउंपल जाई। उऽ कवनो ऑपरेशन के अंजाम दिहें।

Tags :
Ayodhya DhamAyodhya NewsAyodhya news RAM MANDIRKhabar Bhojpuri NewsNsg ayodhyaRam Mandir
Advertisement
Next Article