For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

कब होई UGC-NET परीक्षा? एनटीए तारीख के कइलस ऐलान, इहां पाई पूरा जानकारी

08:33 AM Jun 29, 2024 IST | Minee Upadhyay
कब होई ugc net परीक्षा  एनटीए तारीख के कइलस ऐलान  इहां पाई पूरा जानकारी
Advertisement

Advertisement

नेशनल टेस्टिंग एजेंसी ने यूनिवर्सिटी ग्रांट्स कमीशन-नेशनल एलिजिबिलिटी टेस्ट यानी यूजीसी नेट परीक्षा के नाया तारीख के घोषणा कईले बिया। बता दीं कि 10 जुलाई के एनसीईटी 2024 के परीक्षा होई। संयुक्त सीएसआईआर यूजीसी नेट 25 से 27 जुलाई ले होई, जबकि यूजीसी नेट जून 2024 के परीक्षा 21 जुलाई से 4 सितंबर ले होई। जबकि, अखिल भारतीय आयुष स्नातकोत्तर प्रवेश परीक्षा (एआईएपीजीईटी) 2024 6 जुलाई के पहिले से तय कईल गईल तरीका से करावल जाई। बता दीं कि पहिले जून के पाली के परीक्षा 18 जून के दू पाली में होखत रहे। हालांकि 19 जून के पेपर लीक होखला के चलते परीक्षा रद्द करे के पड़ल।

परीक्षा कब होई?

बता दीं कि 18 जून के परीक्षा 317 शहर में दु पाली में भईल रहे। एकरा खातीर परीक्षा में 9 लाख से जादे परीक्षार्थी शामिल भईले। ध्यान रहे कि पेपर लीक के चलते 19 जून के इs परीक्षा रद्द हो गईल बा। तब से लगातार एनटीए के पारदर्शिता पs सवाल उठत रहे। एही बीच अब एनटीए के नयका डीजी जिम्मा सम्हरले बाड़े। अयीसना में अब 10 जुलाई 2024 के एनसीईटी 2024 के परीक्षा होई। संयुक्त सीएसआईआर यूजीसी नेट परीक्षा 25 जुलाई से 27 जुलाई के बीच होई। जबकि यूजीसी नेट जून चक्र परीक्षा 21 अगस्त से 4 सितंबर 2024 के बीच होई।

Tags :
Advertisement